मधेसी के गोली मारके जारी कईल संविधान हमनी के स्वीकार्य नईखे ः लोसपा

वीरगंज ०३ कुवार
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) के अध्यक्ष महन्थ ठाकुर अधिकार के खातिर सडक मे निकलल मधेसी जनता के गोली मारके बनावल संविधान मधेस के खातिर स्वीकार्य ना रहल बतवले बानी । पर्सा के पकाहामैनपुर मे एतवार के दिने आयोजना कईल शहिद सत्रुधन पटेल के श्रद्धान्जलीसभा के सम्बोधन करत ठाकुर मधेसी के खुन से लिखल संविधान मे मधेसी के अधिकार ना समेटल बतवनी ।
ठाकुर कहनी, ‘जब तक मधेस के माग ना पुरा होई तब तक मधेसी से ई संविधान के अपनत्व लेवे ना सकि, कुवार ३ गते के करिया दिन के रुप मे मनावेलन ।’
संविधान जारी होखे से पहिले आपन माग राख के शान्तिपूर्ण आन्दोलन मे उतरल मधेसी के खस शासक बदला के भाव राख के गोली चलाके हत्या कईल आरोप उ बतवनी ।
अभी भी मधेस उपर शासक के विभेद के व्यवहार रहल कहत उ, ‘अभी भी हमनी के पार्टी के सांसद रेशम चौधरी जेल मे बाडन, सयो नेता कायकर्ता मुद्धा सह रहल बाडन ।’ माओवादी सशस्त्र युद्ध के घायल के राज्य से भरपोषण कर रहल माकिर मधेस आन्दोलन के घायललोग के वास्ता हि ना कईल सिकाईत उ कईनी ।
लोसपा के नेता राजेन्द्र महत्तो कुवार ३ गते मधेसी आ मधेसी के अधिकार के हत्या भईल दिन भईल टिप्पणी कईनी । मधेसी भी नेपाली हउवन्, ओहिसे मधेसी के अधिकार भी समेट के संविधान जारी कर कहके शान्तिपूर्ण आन्दोलन मे उतरला पर सरकार से गोली चलाके मधेसी के हत्या कईल महत्तो बतवनी । ओहिसे ई विभेदकारी संविधान ना सँचियावे तक मधेसी के संविधान ना होखेके उ बतवनी ।
जसपा के कार्यकारीणी सदस्य एंव पूर्वमन्त्री जितेन्द्र सोनल अभी के संविधान लोकतान्त्रिक संविधान ना होके खुनी (हत्यरा) संविधान रहल बतवनी ।
उ कहनी, ‘संविधान लिखेके समय मे हमनी मधेसी के भी नेपाली मानके मधेस के भी मुद्धा समावेश करेके माग कईल गईल, सडक मे निकलल गईल माकिर खसवादी दल आ उ समय के सरकार मधेसी उपर गोली चलवलख । मधेसी के छाती मे बुट से मरलख आ बन्दकु के बल मे एकलौटी संविधान जारी कईलख ।’
उ आजु देश के मिलल संघीयता आ समानुपातिक समावेशिता के उपलब्धी मधेस विद्रोह के उपलब्धी भईल जिकिर भी कईलन । उ कहनी, ‘संघीयता, समानुपातिक समावेशिता जईसन उपलब्धी मधेस विद्रोह के देन ह ।’
श्रद्धान्जलीसभा के लोसपा के कार्यकारीणी सदस्य एंव पूर्वमन्त्री लक्ष्मणलाल कर्ण, प्रदेश सभासदस्य रमेश कुर्मी, प्रहलाद गिरी लगायत के लोग सम्बोधन कईले रहलन ।






