लोसपा प्रदेश २ के संसदीय दल के नेता मे सोनल चयन

जनकपुरधाम १२ कुवार
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी (लोसपा) के प्रदेश २ के संसदीय दल के नेता मे जितेन्द्र सोनल चयन भईल बाडन ।
जनकपुरधाम मे सोमार के दिने बईठल लोसपा संसदीय दल के बईठक से नेता चयन कईले बा ।
बईठक सर्वसम्मत रुप मे सोनल के दल के नेता चयन कईल सांसद परमेश्वर साह जानकारी देहनी ।
संसदीय दल के नेता चयन करे खातिर सोमार के सबेरे से बईठक बईठल रहे । पार्टी अध्यक्ष महन्थ ठाकुर, वरिष्ठ नेता राजेन्द्र महतो, नेता शरदसिंह भण्डारी सहित के उपस्थिति मे बईठल बईठक से सोमार के रात अबेर संसदीय दल के नेता चयन कईले बा ।
एकरा से पहिले तत्कालीन राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) रहल समय भी सोनल हि संसदीय दल के नेता रहलन । उ तत्कालीन राजपा से प्रदेश सरकार के भौतिक पूर्वाधार विकासमन्त्री भी बनल रहलन ।






