भन्सार छली करके लियावल खुद्रा सामानसहित ट्रक पकडाईल

वीरगंज १५ कुवार

पुलीस भन्सार छली करके लियावल खुद्रा सामानसब सहित ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा ।

वीरगंज से मकवानपुर ओरी जा रहल सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल टोली शुक के दिने वीरगंज महानगरपालिका–१४ स्थित गण्डकचोक चेकजाँच करेके समय मे ०३–००१ ख.०३३० नम्बर के मालबाहक ट्रक नियन्त्रण मे लेहल गईल बा ।

ट्रक चलाक फरार रहल बाडन आ उ ट्रक के मालसमानसहित नियन्त्रण मे लेके ३० लाख बराबर के मुल्यांकन करके जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।