झुठफुस के आन्दोलन तथा म्यादी मन्त्री साह के जालझेल बढल प्रदेश सांसद यादव के आरोप

मेवालाल यादव
रौतहट १६ कुवार
रौतहट मे अभी अनेकन बहाना मे हो रहल आन्दोलन झूठा तथा जनता के भ्रमित कर रहल आरोप लाग रहल बा ।
विपक्ष मे रहल निर्वाचित जनप्रतिनिधि तथा पालिकासब के बदनाम करावेके उद्देश्य से निमुखा, गरीब तथा दलित समुदाय के जनता के भ्रम मे पार के अनेकन बहाना मे आन्दोलन मे उतारेके इहे रौतहट क्षेत्र नं. ३ से निर्वाचित पूर्व नेकपा माओवादी के नेता म्यादी शहरी विकास मन्त्री प्रभु साह खुद के टिकावे मे लागल रौतहट क्षेत्र नं २ ’ख’ के प्रदेश सांसद रामकिशोर यादव आरोप लगवनी ।
सुरक्षित नागरिक आवास कार्जक्रम अन्तर्गत रौतहट के पालिकासब कउनो भी गल्ती ना कईल उ दाबी कईनी । सुरक्षित नागरिक आवास कार्जक्रम शहरी विकास मन्त्रालय के निर्देशिका अन्र्तगत प्राप्त पत्र मुताविक नगरपालिका सूचना करके निवेदन संकलन एवं घरधुरी सर्वेक्षण फारम शहरी विकास कार्यालय बीरगंज मे पठवले रहे ।
घरधुरी सर्वेक्षण करके लाभग्राहीलोग के नाम छनौट करके अन्तिम नामावली शहरी विकास कार्यालय से देवेके अवस्था मे अभी तक लाभग्राही के अन्तिम नामावली ना अईला से कार्जक्रम संचालन करेमे देरी भईल उ बतवनी ।
अधिकार दोसर के, योजना दोसर के आ उलोग के कमजोरी के चलते मात्र समय मे कार्य ना भईल कहत बौद्धिमाई नपाका नगर प्रमुख युवा मेयर राजीव रंजन यादव बतवनी । हमनी केतनो सहजोग कईला पर भी आपन वाहवाही कमाए खातिर दलित वर्ग के चढाबढा के अनेकन बहाना मे आन्दोलन तथा नगरपालिका घेराव करे खातिर गरीब, विपन्न तथा दलित समुदाय के जनता के भुलियाके म्यादी मन्त्री साह नयाँ जालझेल रचल मेयर यादव दाबी कईनी ।
शहरी विकास कार्यालय के निर्देशन मुताविक नपा सूचना भी कईलख, फारम संकलन भी कईलख, मिलल निवेदन मुताविक सर्वेक्षण करके सर्वेक्षण फारम भरके शहरी विकास के कार्यालय तक पुगावल गईल । बाकी के काम अर्थात छनौट मे परल लाभग्राही के अन्तिम नामावली शहरी विकास कार्यालय से देवेके भईला पर भी अभी तक ना देहला पर नपा केकरा से समझौता करी आ केकरा के रोपेया दि कहके विषय मे सिंगों शहरी विकास कार्यालय के कमजोरी के चलते काम समिय मे ना भईल कहेके अवस्था मे दोसर के बदनाम करावेके अईसन झूठा बात मे ना परे खातिर सभी सर्वसाधारण मे जानकारी के खातिर निहोरा कईले बानी ।






