वीरगंज मे ह्वीर्लपुल होम एपलाइन्सेस के शोरुम संचालन

वीरगंज २१ कुवार
वितल एक दशक से वीरगंज के लिंकरोड स्थित संचालन मे रहल लक्की इम्पेक्स आपन शाखा विस्तार कईले बा ।
इम्पेक्सले शाखा विस्तार के समय मे वीरगंज महावीर स्थान स्थित मेनरोड मे ‘ह्वीर्लपुल होम एपलाइन्सेस’ के शोरुम संचालन मे लिआईल बा । महावीर स्थान पमपम विल्डिङ्ग के पश्चिम ओरी मेनरोड मे संचालनमा आईल इम्पेक्स के प्रमुख अतिथि नेकपा माओवादी केन्द्रका पर्सा जिल्ला महानगरपालिका इन्चार्ज रहबर अन्सारी रिबन काटी शोरुम के उदघाटन कईले रहनी ।
लक्की इम्पेक्स सि.जि., एल.जि. तथा हुण्डाई ब्राण्ड के आधिकारिक विक्रेता होके काम करत अईला मे अभी ह्वीर्लपुल होम एपलाइन्सेस सँगे आवद्ध होके शोरुम विस्तार कईला मे खुशी व्यक्त करत इम्पेक्स के संचालक महम्मद इन्ताफ ई कम्पनी से आबद्ध होके भविषय मे ग्राहकलोग के सेवा सूविधा से सन्तुष्ट करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।
साथे कम्पनी के प्रतिनिधि शूसान्त महर्जन लक्की इम्पेक्स के बधाई देत निकट भविष्य मे आकर्षक अफरसब तथा सर्भिस से ग्राहक वर्ग मे लोकप्रिय ब्राण्ड के रुप मे स्थापित करे खातिर कटिबद्ध रहल जानकारी देहनी ।
इम्पेक्स के संचालक महम्मद इन्ताफ के सभापतित्व मे भईल उदघाटन कार्जक्रम मे विशिष्ठ अतिथि नेपाल होटल तथा पर्यटन व्यवसायी महासंघ प्रदेश २ के सचिव तबरेज आलम, जसपा के नेता नेजामूद्दिन समानी, प्याब्सन पर्सा के पूर्व अध्यक्ष इमामूद्दिन समानी तथा लोमस डिजिटल प्रा.लि.के प्रतिनिधि शूसान्त महर्जन लगायत के सहभागीता रहल रहे । उ शोरुम मार्फत ह्वीर्लपुल कम्पनी के इलेक्ट्रोनिक्स होम एपलाइन्सेन्स विक्री वितरण होखेके शोरुम के संचालक महम्मद इन्ताफ जानकारी देहनी ।






