बहुदरमाई के मेयर साह दुबई से ७ जने के उद्दार कइनी टूरिस्ट भिसा मे एक लाख ७० हजार असुली कईल खुलासा

 

वीरगंज ०४ कातिक,

एजेन्ट मार्फत बैदेशिक रोजगार के खातिर दुबई जाके फँसल पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका के ७ जने के नगर प्रमुख नितेन्द्र साह उद्दार कईले बाडन ।

आपन निजी खर्च मे दुबई भ्रमण मे गईल नगर प्रमुख साह बहुदरमाई नगरपालिका वार्ड नं. १ बिश्रामपुर के हरिशंकर ठाकुर, प्रदिप कुमार, वार्ड नं. २ पिपरा के प्रकाश प्रसाद, बाबुचन पासवान, बशिष्ठ हजारा, मुकेश साह आ रामअयोध्या कुर्मी के उद्दार कईले बाडन ।

कुवार ४ गते सर्लाही के भरहथवा के एजेन्ट सुरेन्द्र यादव मार्फत टूरिस्ट भिसा मे बैदेशिक रोजगारी के खातिर दुबई जाके फँसल ७ जने २२ दिन के बाद मेयर साह के प्रयास मे बियफे के दिने घर फिर्ता कईले बाडन । दुबई भ्रमण मे गईल मेयर साह के सम्पर्क मे उलोग आके आपन समस्या के बारे मे जानकारी करईला के बाद उनकर प्रयास मे नेपाल आईल बाडन । चकलेट कारखाना मे काम लगावे के कहत एजेन्ट यादव एक लाख ७० हजार के दर से सातु जने संगे असुल करके टूरिस्ट भिसा मे दुबई पठवले रहलन । दुबई पुगल उलोग के पासपोर्ट बांगलादेशी नागरिक शेख इमरान आपन नियन्त्रण मे लेहले रहलन ।

उ एगो कोठरी मे सातु जने के राख के सफाईकर्मी के काम देहले रहलन । हरेक दिन बस मे आके लेजाएके आ एक समय मात्र खाना खाए के देत आईल घर पुगल प्रकाश प्रसाद बतवनी ।

चकलेट प्याकिङ के काम लगावे के कहत खुदसब के एजेन्ट यादव से पठईला पर भी उहाँ पुगला के बाद बन्धक बनाके सरसफाईकर्मी के काम करावत आईल प्रकाश बतवनी । दिनभर काम करावे के आ एक समय रात मे मात्र खाना देत रहलन कहके आपन दुःख सुनवनी ।

मेयर साहब दुबई आईल बारेमे खुदसब के जानकारी भईला के बाद उनका के सम्पर्क करके खुदसब आपन समस्या के बारे मे जानकारी करावल बतवनी । खुदसब के समस्या के बारे मे जानकारी मिलला के बाद मेयर साहब खुदसब सँगे भेट करे आईल आ खुदसब के भी आपना सँगे घर लेजाएके निहोरा कईला के बाद उनकर प्रयास मे घर फिर्ता आईल बतवनी ।

खुदसब समस्या मे फँसल जानकारी मिलला के बाद खुदसब सँगे मिले आईल मेयर साब तत्काल दुबई के एक हजार रोपेया देके खाना खर्च के खातिर देहल दोसर पिडित हरिशंकर ठाकुर बतवनी ।

उ कहनी, “एजेन्ट के चलते बहुते समस्या मे फँसल खुदसब मेयर साब के प्रयास मे आजु घर आवेमे सफल भईल बानी । दुबई पुगला के बाद एक जने बंगाली हमनी के पासपोर्ट भी नियन्त्रण मे लेके बन्धक बनावल अवस्था मे मेयर साब ना पुगल रहतन त सायद हमनीसब आजु नेपाल आवे ना सकती ।”

मयेर साह निजी खर्च मे छुटी के समय मे दुबई भ्रमण मे गईल खुद आपन गाँव घरके युवालोग समस्या मे परल जानकारी मिलला के बाद भ्रमण के कार्जक्रम स्थगित करके समस्या समाधान मे लागल बतवनी ।

७ दिने दुबई भ्रमण मे गईल हमनी ३ दिन मे भ्रमण के कार्जक्रम स्थगित करके समस्या मे फँसल नगर के युवालोग के घर फिर्ता लियावे खातिर पहल मे लागल बतवनी । ३ दिन के प्रयास मे बंगलादेशी नागरिक के नियन्त्रण मे रहल पासपोर्ट फिर्ता कराके नेपाल फिर्ता आवेके व्यवस्था मिलाके खुद दुबई से फिर्ता भईल बतवनी । दुबई भ्रमण मे आपना सँगे गईल राहुल यादव के सहजोग मे समस्या मे फँसल आपन नगर बासी के घर फिर्ता लियावे मे सफल भईल सुनवनी । उ एजेन्ट मार्फत बैदेशिक रोजगारी मे जाके समस्या मे परला के बदले स्वदेश मे रोजगार करेके सुझाव देहनी ।

बैदेशिक रोजगारी के खातिर टूरिस्ट भिसा मे पठावल एजेन्ट के विरुद्ध हमनी कानुनी उपचार भी खोजेके बतवनी । हम घर पुगला के बाद नगरपालिका के आउर ४ जने दुबई मे फँसल बारेमे जानकारी मिलला से उलोग के भी जलदी घर लियावे खातिर पहल करेके बतवनी ।

बियफे के सबेरे घर पुगल युवालोग के नगरपालिका फुल के माला पहिना के स्वागत कईले रहलन । बिदेश मे समस्या मे फँसललोग चाँड पर्व के समय मे घर फिर्ता अईला के बाद उलोग के घर मे खुसियाली बढल बा । घर परिवार के सदस्यलोग मेयर साह के धन्यावाद भी देहले रहलन ।

बिदेश मे समस्या मे फँसल युवालोग घर अईला के बाद उलोग के देखे आ भेट करे खातिर भिड लागल रहे । उ समय मे वार्ड अध्यक्ष जितेन्द्र पटेल लगायत सयो स्थानियबासी के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।