कलैया सस्तो रमाईलो मेला संस्कृति विगाड रहल

बारा १५ कातिक

बारा के कलैया मे सस्तो रमाईलो मेला संस्कृती बिगाड रहल बा । कलैया उपमहानगरपालिका कार्यालय आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय डिजे आ अश्लील गित बाजावल बन्द करेला सूचना निकाल के प्रतिबन्ध लगावले रहल माकिर उहे कार्यालय के सहजोग मे संस्कृती विगाडेवाला गित आ डान्स करवा के डिजे बजावल कलैया के आम जनता के सिकायत रहल बा ।

एतवार के मेला मे जेनियस डान्स एकाडेमी के सहकार्य मे अश्लील गित पर अश्लील झलकेवाला पहिरन लगा के नाचल देख के सभ्य लोग मेला से बाहर निकलत समाज मे विकृती लियावेवाला काम कईल सिकायत कईले बाडन । सस्तो मेला कह के प्रचार प्रसार कईला पर घर के परिवार सहित पुगल लोग मेला ना भईल ई पश्चिमी सभ्यता के लिया के सभ्य आ सुन्दर समाज मे विकृति बढावे के काम कईल कलैया ४ के रमेश्वर प्रसाद बतावले बानी ।

सभ्यता चाहि त बन्द करेके परल ना त राजनीति करे के बात त खुलला करे के परल भ्रम मे ना राख के समाजिक सभ्यता के विगाडे वाला काम ना करे के बतावले बानी । मेला मे टिकटक स्टार कहेवाली प्रिती पासवान समाजिक कपडा ना पहिनके असभ्यता भईल पहिरन मे तोहर भईया देहले बाडे दरदिया चाहिँ हर्दिया, छोट बाटे टिकोरा बेरी बेरी छुवत बा, दिनेपर दिन दुनु लटके, लोकेशन चालू कर एकर ढोरी केने बा, का भाव बा तोहा लिचि के हो जईसन अश्लील गित पर नाच के भोजपुरी समाज मे विकृती लियावेवाला काम कईल कलैया – १ के दिनदयाल साह सिकायत कईले बानी ।

मेला मे जुवा मे खडखडीया तिर निसान जुवा, नेपाल मे प्रतिबन्ध कईल मौत के कुआ खेल जईसन के व्यवस्था कईल बा जवना के उदघाटन कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव कईले रहनी ओमे प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कट्वा, नेपाल प्रहरी के प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र शाही, सशस्त्र प्रहरी के प्रमुख रविनराज कर्णजीत, अश्लील बन्द करेवाला अभियन्ता लोग के सहभागिता मे भईल रहे ।

मेला के तीन दिन वितते बारा के सभ्यता चाहेवाला लोग समाजिक संजाल फेसबुक पर रमाईलो मेला अश्लील भईल कह के सिकायत कईले बा । मेला लगावल अछा बात बा माकिर स्थानीय सस्ंकृती झल्केवाला कवनो झलक ना देखल गईल जवना से समाज मे उपलब्धि ना होकर के विकृती बढेवाला काम भईल कलैया ३ के सुरेश कुशवाहा सिकायत कईले बानी । कलैया के सविन्द्र सहनी मेला मे देखेला प्रवेश शुल्क ५० रोपेया के जगह पर १०० रोपेया लेहल करहल सिकायत कईले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर सहनी बहुते लोग से सिकायत आईल बा प्रशासन कार्यालय से भि सुधार करेला आईm सुझाव के राख के ३० रोपेया प्रवेश शुल्क लेवे के निर्णय भईल बा जनकारी करावले बानी । अश्लीलता के नियन्त्रण करे के काम कईल जारहल सहनी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।