छठ पवनी के तईयारी सुरू
प्रभु यादव
बारा २२ कातिक
तराई मधेश सहित नेपाल के छठ पवनी मानेवाला लोग पवनी के तईयारी मे जुटल बाडन ।
सोहरईया के विहन भईला गोबद्र्धन पुजा कर के कुटला वाद छठ पवनी करेवाला पवईतीन सब सूर्य भगवान के ओर ध्यान करके छठ करे के अरधना कईला वाद सभे मे तयारी मे जुटल बा । सूर्य भगवान के अरधना कईल दिन माटी के चुलिही बनावे के आ छठ पुजा मे लागेवाला समान सब के खातिर घान, गेहु, तोरी के पानी से धोके कवनो चिरई कउवा ना छुएसको कठोर राखवारी सहीत सुखावे मे जुटल बा ।
सोमवार के नहाय खाएके कईला वाद सुखावल अनाज के मिल मे कुटावे लागल बा । मगर के दिन पवईतिन सब निरहार बईठ के साझ के समय मे आपन अरघ भईल के खिर रसियाव रोटी तईयार कर के पुजा करेला लगाल बाडन । बडका घाट के दिन सभे समान राख के सझिया के समय नदि पोखरा मे पुग के डुबत सुरज के अरघ देवेला आ वियफे के दिन सुबह के समय मे उगल सुरज के अरघ देके छठ पवनी के समापन होई । पाँच दिन अगाडि से छठ पुजा के खातिर लागल बा पवईतिन सभे जवना से घर घर मे सभ्यता आ अनुसासन के विकास मे वृद्धि भईल बा ।





