छठ मे हिन्दु उपर आक्रमण करेवाला विरुद्ध वीरगंज मे हिन्दु समाज के विशाल विरोध जुलुस प्रर्दशन

वीरगंज ३० कातिक
छठपर्व मे मुस्लिम समुदाय द्धारा कईल आक्रमण के विरोध मे हिन्दु समाज पर्सा सहित अनेकन हिन्दुवादी संगठनसब वीरगंज मे बिशाल विरोध जुलुस प्रदर्शन कईले बाडन ।
धनुषा, बारा जिल्ला मे मुस्लिम समुदायद्धारा हिन्दुलोग के आस्था के केन्द्र छठपर्व मे हस्तक्षेप करके हिन्दु उपर कईल आक्रमण विरुद्ध हिन्दुवादी संगठनसब विरोध जनवले बाडन ।
विरोध जुलुस मे सहभागी हिन्दु समाज मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी राजिनामा दे, हिन्दु उपर आक्रमण करेवाला जिहादी मानसिकतावाला मुस्लिम के कडा से कडा कारवाही करेके, ईस्लामिक आतकवाद मुर्दावाद, नेपाल के हिन्दु राष्ट्र कायम कर लगायत के नारा लगवले रहलन ।
हिन्दु समाज पर्सा के अगुवाई मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय अगाडि लालबांगला से निकालल विरोध जुलुस मे अनेकन हिन्दुवादी संघ संगठन तथा हिन्दु युवालोग के उल्लेखनिय सहभागिता रहल रहे । विरोध जुलुस वीरगंज के घण्टाघर, माईस्थान, आर्दशनगर, छपकैया होत नगरपरिक्रममा के बाद फेनु घण्टाघर चोक मे पुग के कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।
कोणसभा के सम्बोधन करत बक्तालोग हिन्दु उपर आक्रमण करेवाला जिहादी मानसिकता राखल मुस्लिमलोग के तथाशिघ्र पकडके कडा कारवाही के माँग कईले बाडन । कोणसभा मे विश्व हिन्दु परिषद के जिल्ला अध्यक्ष ओमप्रकाश साह प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री हि हिन्दु उपर आक्रमण करावल आरोप लगावत उनकर राजिनामा के माँग कईले रहलन ।
हिन्दुवादी एवं नेपाली काँग्रेस के जिल्ला सदस्य धर्मेन्द्र पटेल हिन्दु उपर आक्रमण करेवाला के कउनो भी हालत मे ना छोडेके चेतावनी देहनी । उ हमनी के समाज के एक जने उपर आक्रमण भईला पर हमनी पाँच जने उपर आक्रमण करेके पडि तबे उलोग सुधरी कहके बतवनी ।
मोहमद लालबाबु राउत गद्दी जउन समय मे मुख्यमन्त्री भईल बाडन, उ समय से हि हिन्दुलोग के हरेक चाडपर्व मे आक्रमण होत आईल बा ।
हिन्दु कमजोर नईखन, हिन्दु मे सहनशिलता बेसी होखेला माकिर मुस्लिम के ज्यादती बढत गईला पर हिन्दु के धैर्यता टुटी आ एकरा से उत्पन्न स्थिती के केहु रोके ना सकि । हिन्दुलोग आपन धर्म संस्कृति के रक्षा के खातिर एकजुट भईल जरुरी बा । हमनी फुटके ना जुटके लागला पर मात्र जिहादी मानसिकता के आदमीसब के सामना कर सकत बानी ।
नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ के सचिव अभिषेक तिवारी नेपाल के हिन्दु संगठित होखेके बात मे जोड देहनी । उ हिन्दु संगठित ना भईला पर हमनी शरणार्थी होखेम । मुस्लिम आयोग आ मुख्यमन्त्री के गतिविधि बढिया नईखे, कहत उ, नेपाल मे अवैध रुप मे लियावल मुस्लिमलोग संगठित होके हिन्दु उपर आक्रमण कर रहल बाडन आ ईलोग के संरक्षण मुस्लिम आयोग आ मुख्यमन्त्रीले हि कर रहल बतवनी ।
कोणसभा के सम्बोधन करत हिन्दु परिषद के अध्यक्ष सन्तोष पटेल भी मुस्लिम आयोग आ प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री के मिलोमतो मे हिन्दुलोग के मनोबल गिरावेके काम हो रहल आरोप लगवनी । उ समय मे हिन्दु सचेत ना भईला पर जनकपुर आ बारा मे मात्र ना पर्सा मे भी हिन्दु उपर आक्रमण होखेके निश्चित बा ।
धर्मनिरपेक्ष भईल समय से हि हिन्दु के आस्था से खेलावाड करेके काम हो रहल कहत अध्यक्ष पटेल, आजु के जुलुस के भी असफल बनावे खातिर कुछ पार्टी के नेतालोग आपन कार्यकर्ता मे ह्वीप जारी भी कईले रहलन । अनेकन पार्टी मे लागल हिन्दु नेतालोग के चलते हि देश मे धर्मनिरक्षेपता लियावल बतावत अध्यक्ष पटेल उलोग के चलते अभी हिन्दु उपर गैर हिन्दुलोग आक्रमण कर रहल आरोप लगवनी ।
हिन्दुत्व के संरक्षित करेके एक मात्र विकल्प ह, नेपाल के हिन्दु राष्ट्र घोषणा करेके पडि । हिन्दु राष्ट्र घोषणा करावे खातिर सभी हिन्दुसमाज एकजुट होके सडक आन्दोलन करेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे बाबा बंजरंगी भी बारा आ जनकपुर मे हिन्दु उपर आक्रमण करेवाला जिहादी मानसिकता के मुस्लिम के कडा कारवाही करेके माग कईनी । उ कहनी, अभी हिन्दु युवा सडक मे आईल बाडन, जउन दिन साधुसन्त समाज सडक मे उतरिहें उ दिन हिन्दु उपर आक्रमण करेवाला केहु के भी बँचावे ना सकेके चेतावनी भी देहनी ।






