उच्च अदालत जनकपुर आ अस्थायी ईजलास वीरगंज मे कानुन व्यवसायी के विरोध प्रदर्शन

जनकपुरधाम ८ अगहन
सर्वोच्च अदालत के प्रधानन्यायाधीश चोलेन्द्र शमशेर जबरा के राजीनामा के माग करत आन्दोलनरत कानुन व्यवसायी उच्च अदालत जनकपुर आ अस्थायी ईजलास वीरगंज मे धर्ना देहले बाडन । उलोग उच्च अदालत जनकपुर के मूल गेट मे सबेरे १० बजे से ४ बजे तक धर्ना सहित विरोधसभा कईले बाडन ।
नेपाल बार एसोसिएसन जनकपुर के अध्यक्ष किशोरी साह के अगुवाई मे कानुन व्यवसायीलोग वितल तीन दिन से उच्च अदालत के मूल ढोका अवरुद्ध करत धर्ना मे बईठल रहलन । जनता के आस्था रहल स्वतन्त्र न्यायपालिका उपर प्रधानन्यायाधीश के चलते बिवाद भईल आ न्यायालय से विश्वास ओरात गईल कहत नेपाल बार एसोसिएसन के महासचिव लिलामणि पौडेल राजीनामा देवेके बतवनी ।
उ कहनी, “प्रधानन्यायाधीश संविधान आ कानुन से उपर नईखन, प्रधानन्यायाधीश संवैधानिक निकाय आ मन्त्री मे भागवण्डा लेवे ना मिली, प्रधानन्यायाधीश पद मे रहे लायक नईखन ओहिसे राजीनामा देके मार्ग प्रशस्त करेके पडि ।”
उ न्यायाधीश हरिकृष्ण कार्की से बुझावल प्रतिवेदन लागू करेके खुदसब के एक सुत्रीय माग पूरा ना होखे तक बार एसोसिएसन केन्द्रिय समिति के आन्दोलन के ऐक्यवद्धता करत धर्ना मे बईठेके जानकारी देहलन । प्रधानन्यायाधीश आपन स्वार्थपूर्ति के खातिर स्वतन्त्र निकाय न्यायापालिका के कार्यपालिका आ व्यवस्थापिका सँगे सम्झौता कईल वरिष्ठ अधिवक्ता सुरेन्द्र महतो आरोप लगवनी ।
प्रधानन्यायाधीश के राजीनामा ना आवे तक आन्दोलन जारी रहेके बार एसोसिएसन जनवले बा ।






