धोबिनी गा.पा. के अध्यक्ष कुर्मी के हैकमबादी, पालिका के दुनु गाडी कब्जा मे लेहलें

वीरगंज १२ अगहन
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका के अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी सरकारी गाडी के दुरुपयोग कर रहल मिलल बा । अध्यक्ष कुर्मी गाँवपालिका के प्र. २ ००१ झा ३३ आ प्र. २ ००१ झा ३४ नम्बर के दु गो स्कार्पियो गाडी आपन कब्जा मे लेके दुरुपयोग कर रहल स्थानियलोग बतवले बाडन ।
गाँवपालिका अध्यक्ष कुर्मी पहिले से हि पालिका के एगो स्कार्पियो गाडी प्रयोग करत अईला पर भी कार्यालय के कामकाज मे प्रयोग होत आईल दोसर हाप बडी स्कार्पियो गाडी भी आपन कब्जा मे लेहले बाडन ।
स्थानियलोग के मुताविक श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय भिखमपुर के लईकीलोग के जरुरत के मध्यनजर करत प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह पालिका के हाप बडी स्कार्पियो गाडी मे सेनेटरी प्याड राख के विद्यालय मे खुदे पुगके लईकीलोग के बाँटला के बाद खिसिया के अध्यक्ष कुर्मी कार्यालय के कामकाज मे प्रयोग होत आईल उ गाडी भी ड्राइभर से आपन घर मे मँगाके हैकमवाजी देखवले बाडन ।
खुद से चाहल आदमी के विद्यालय के प्रधानाध्यापक बनावे के अध्यक्ष कुर्मी के योजना अदालत से होखे ना देहला के बाद असन्तुष्ट बनल उ उहे विद्यालय मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह सेनेटरी प्याड वितरण कईला के बाद प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह उपर आक्रोसित भईल स्थानियलोग के कहनाम बा ।
प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे साह आईल समय से गाँवपालिका के विकास निर्माण के काम से गति लेहला पर भी अध्यक्ष कुर्मी गाँवपालिका के कामकाज से उनकर सरुवा करावे मे व्यस्थ देखल गईल बाडन । जउना के चलते गाँवपालिका के विकास निर्माण के काम भी प्रभावित होखेके देखल गईल बा । जिल्ला मे बदरुनाम रहल धोबिनी गाँवपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत साह आईल समय से सुधार होत गईला पर भी अध्यक्ष कुर्मी के चलते पहिले जईसन मिल बाँट के खाएके गाँवपालिका के रुप मे रहेके देखल गईल स्थानियलोग बतवले बाडन ।






