रादवेवी के मेयर सिंह क्राईम केयर सामुदायिक सिकाई अध्ययन केन्द्र के लाखो के सामान देहनी

मेवालाल यादव

रौतहट १५ अगहन

युनेस्को काठमाण्डु के सहजोग मे क्राईम केयर सामुदायिक सिकाई अध्ययन केन्द्र राजदेबी नगरपालिका–७ मुडवालवा रौतहट के करिब साढे तीन लाख रोपेया बराबर के सामान राजदेबी नगरपालिका के मेयर धिरेन्द्र कुमार सिंह हस्तान्तरण कईले बाडन ।

सिकाई केन्द्र मुडवलवा के कार्यालय मे आयोजना कईल एक अनौपचारिक कार्जक्रम मे युनेस्को रौतहट के प्रतिनिधि दिपेन्द्र ठाकुर मेयर धिरेन्द्र कुमार सिंह द्वारा संस्था के अध्यक्ष रबिन्द्र प्रसाद साह आ सहजकर्ता रश्मि पटेल के लैपटप, डिजिटल क्यमरा, प्रिण्टर, स्केनर, प्रोजेक्टर आ बैग लगायत के सामान हस्तान्तरण कईले बानी ।

रौतहट जिल्ला मे ४५ गो सामुदायिक सिकाइ केन्द्र रहला मे तत्काल चार गो नगरपालिका के छनौट कईल मेसे राजादेबी नगरपालिका मे रहल चार सामुदायिक अध्ययन केन्द्र मध्य क्राईम केयर सामुदायिक सिकाइ अध्ययन केन्द्र छनौट भईला से उ सामान हस्तान्तरण कईल युनेस्को रौतहट प्रतिनिधि दिपेन्द्र ठाकुर बतवले बानी ।

अत्याधुनिक सामान हस्तान्तरण के बाद मेयर सिंह युनेस्को संस्था के धन्यवाद देत हमनी के नगर के बिकास मे आउर उर्जा मिलेके बात मे खुद बिश्वास्त रहल आ ई सामुदायिक सिकाइ केन्द्र के आउर सहजोग करेके बचनवद्धता जाहेर कईले बानी ।

कार्जक्रम मे नगरपालिका शिक्षा शाखा प्रमुख बिजय सिंह, स्थानीय समाजसेवी कृष्णनन्दन यादव, राजदेव साह कानु लगायत के आदमीसब के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।