राजा महेन्द्र के समर्थकलोग जन्मजयन्ती मनवलन

प्रभु यादव
बारा ०१ पुस
बारा के कलैया मे राजावादी लोग पूर्व राजा महेन्द्र विरविक्रम शाह के जन्म जयन्ती मनावले बा ।
सिद्धेश्वर माध्यमिक विद्यालय के प्राङ्गन से बजागाजा सहित के जुलुस निकाल के बजार परिक्रमा कर के भरत चौक पर कार्जक्रम मे सभा कईले रहल रहे । राष्ट्रिय शक्ति अभियान नेपाल बारा के आयोजना मे निकालल जुलुस मे सहभागी लोग हिन्दुराज्य कायम कर, प्रजातन्त्र सहित के राजसंस्था कायम कर, एम.सि.सि. खारिज कर, संघियता खारिज कर आ राजा आउ देश बचाउ लगायत के नारा लगावले रहलन ।
राष्ट्रिय शक्ति अभियान नेपाल बारा के अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुशवाहा के अगुवाई के जन्म जयन्ती मनावल गईल बा । कार्जक्रम मे जिल्ला सचिव मुनीलाल साह, जिल्ला अभियन्ता रिषभ मिश्रा, प्रमोद कुशवाहा, रामधारी राउत, गोना दास बैरागी, अछेलाल गिरी, उमेश ठाकुर, जनानी अभियन्ता किरण देवी, अनिता मिश्रा, सुनिता साह आ रूषी पासवान सगरमाथा के देश, गौतम बुद्ध के जन्मभुमि आउर वीर गोर्खालि के देश भईल पृथ्वीनारायण शाह के वाद एकीकरण करेवाला आदर्श राजा के पहिचान भईल महेन्द्र राजा वीर बिक्रम शाह आपन आपन बात राखत जानकारी करवले रहलन ।





