माई टि.भि.के जिम्मेवारी दुबे के मिलल

वीरगंज ०५ पुस

वीरगंज से प्रशारण होत आईल माई टेलिभिजन पर्सा के सभी जिम्मेवारी पत्रकार उमेश दुबे के मिलल जनावल गईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २४ रहेवाला सैलेश प्रसाद कुशवाहा के नाम मे दर्ता रहल पर्सा टेलिभिजन नेटवर्क प्रा.लि. द्धारा सञ्चालित (माई टि.भि.) ५ बरीस के खातिर बारा के फेटा गा.पा. वार्ड नं. ७ रहेवाला पत्रकार उमेश दुबे के देहले बाडन ।

टि.भि.के सञ्चालक कुशवाहा आ पत्रकार दुबे बीच सोमार के दिने ५ बरीस के खातिर सम्झौतापत्र मे हस्तारक्षर भईल सञ्चालक कुशवाहा बतवनी । सम्झौता भईल आजु के दिन से टि.भि.के आय व्यय, व्यवस्थापन लगायत के सभी जिम्मेवारी दुबे के देहल गईल कुशवाहा बतवनी ।

टि.भि.के नयाँ जिम्मेवारी मिलल पत्रकार दुबे टि.भि.के आवेवाला दिन मे पर्सा, बारा लगायत प्रदेश होत देशभर मे एगो नयाँ उचाई मे पुगावे के बतवनी । उ ई भेग के गरिब, निमुखा, शोषित पिडित जनतासब के आवाज के बुलन्द करेके बतावत समाज मे दबाके रहल हरेक किसिम के समस्या के टि.भि.के माध्यम से जनता के बीच लियावे के प्रतिबद्धता भी जनवनी ।

पत्रकार दुबे बितल लम्हर समय से पत्रकारिता क्षेत्र मे क्रियाशिल रहल बाडन । उ जनगुनासो डटकम नामक अनलाईन न्युज पोर्टल सञ्चालन करत अईला के साथे लम्हर समय से राष्ट्रिय तथा स्थानिय टेलिभिजन मे भी काम करत आईल रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।