सिरहा मे जनमत पार्टी के प्रदर्शन, राजमार्ग बन्द

सिराहा १६ पुस

जनमत पार्टी से घोषणा कईल अनिश्चितकालीन पूर्व–पश्चिम राजमार्ग बन्द के प्रभाव सिरहा मे भी परल बा । जनमत के कार्यकर्ता सबेरे से सिरहा के लहान क्षेत्र मे प्रदर्शन कर रहल बाडन ।

प्रदर्शन के चलते राजमार्ग ठप्प भईल बा । लहान मे कार्यकर्ता ऊँख लेके प्रदर्शन कईले बाडन । प्रदर्शनकारी लाठी लेके राजमार्ग अवरोध कर रहल बाडन । जनानी कार्यकर्तालोग भी आन्दोलन मे सहभागी बाडन ।

उलोग किसान के माग पूरा कर, पुलीस दमन बन्द कर, किसान के मलखाद ना देवेवाला सरकार मुर्दावाद जईसन नारा लगा रहल बाडन । किसान के सिंचाई के व्यवस्था भा बिजुली निःशुल्क देवेके, समय मे मलखाद उपलब्ध करावेके, किसान के पेन्सन देवेके लगायत के ११ बुँदे माग राख के जनमत पार्टी मधेशकेन्द्रित आन्दोलन कर रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।