सीके राउत के कार्यकर्ता आ पुलीस बीच झडप, ८ जने घायल

जनकपुरधाम १८ पुस
डा. सीके राउत नेतृत्व के जनमत पार्टी से चलावल किसान आन्दोलन के समय मे पुलीस आ प्रदर्शनकारी बीच झडप भईल बा । झडप मे चार आन्दोलनकारी आ चार पुलीस जवान घायल भईल बाडन ।
पूर्वपश्चिम राजमार्ग अवरुद्ध करके आन्दोलन कर रहल कार्यकर्ता उपर पुलीस ११ राउण्ड रबर के गोली चलवले बा । धनुषा के गणेशमान चारनाथ नगरपालिका के पोर्ताहा मे आन्दोलनकारी राजमार्ग अवरुद्ध कईला के बाद ओकरा के खुलावे के समय मे पुलीस आ जनमत पार्टी के कार्यकर्ता बीच झडप भईल बा ।
धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहर्री नायव उपरिक्षक (डीएसपी) दीपेन्द्र बस्नेत के मुताविक स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर ११ राउण्ड रबर बुलेट, १६ सेल अश्रुग्यास प्रहार कईल रहे । गोली चलला के बाद आन्दोलनकारीलोग तितरवितर भईल बाडन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक बस्नेत प्रदर्शनकारी के ओरी से ईटापथल चले लागला के बाद जवाफ मे पुलीस के ओरी से अश्रुग्यास प्रहार भईल बतवनी ।
आन्दोलनकारी के ईटापथल से २ जने पुलीस आ २ जने सशस्त्र प्रहरी भी घायल भईल बाडन । यद्यपी प्रदर्शकारी के मुताविक झडप के समय मे पुलीस से गोली चलईला पर ४ जने प्रदर्शनकारी घायल भईल बतवले बाडन ।
समाचार तइयार करे तक झडप अभी भी जारी हि रहला से राज्यमार्ग खोलावेके प्रयास हो रहल पुलीस जनवले बा । अभी उहाँ नेपाल पुलीस के साथे सशस्त्र पुलीस के भी परिचालन कईल बा । जनमत पार्टी किसान आन्दोलन के नाम मे राज्यमार्गसब अनिश्चितकाल के खातिर बन्द कईले बा ।




