खिंस मे मुख्तार के हत्या, ५ जने पकडईलें

वीरगंज २९ पुस
पुस २१ गते भारत बिहार घर भईल वीरगंज महानगरपालिका–३ छपकैया रहेवाला ४५ बरीस के मुख्तार मिया खुद से चलावत आईल ई–रिक्सा सहित भुलाईल रहलन ।
बिहान भईला उनकर मेहरारु से खोजतलास करे खातिर पुलीस मे निवेदन देहले रहनी । उहे दिन नारायणी बयोधा अस्पताल के पछाडि वीरगंज महानगरपालिका–२३ इटिहायीस्थित नहर मे मुख्तार के लास मिलल रहे ।
मुडि मे चोट लागल, घटनास्थल मे खुन बहल लगायत के प्रमाण देखके पुलीस उनकर हत्या भईल प्रारम्भिक अनुमान कईले रहे । घटना के एक हप्ता के बाद पुलीस मुख्तार के हत्या मे संलग्न के आरोप मे ५ जने के पकडले बा ।
पकडाईल मेसे विहार घर भईल छपकैया रहेवाला आ रिक्सा चलावेवाला ३० बरीस के सुनील कुमार आ बारा परवानीपुर गाँवपालिका–५ के २२ बरीस के निकेश पटेल के कर्तव्य ज्यान मुद्धा मे अनुसन्धान के खातिर हिरासत मे राखे खातिर पुलीस जिल्ला अदालत से अनुमति भी लेहले बा ।
एहितरे विहार घर भईल छपकैया रहेवाला ५५ बरीस के सपन मण्डल, विहार घर भईल छपकैया मे होटल व्यवसाय करेवाला ३५ बरीस के बक्सर कहेवाला नाजिर हुसेन आ छपकैया के ५० बरीस के बाबर हुसेन उपर सार्वजनिक शान्तिविरुद्ध के कसूर मे अनुसन्धान के खातिर अदालत से अनुमति लेहल पर्सा के प्रहरी प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक रमेशकुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।
मृतक सँगे के झगडा के बाद के खिंस आ आर्थिक प्रलोभन के चलते हत्या भईल पुलीस के निश्कर्ष बा । ‘सीसी क्यामेरा के फुटेजसब के अध्ययन, प्राविधिक अनुसन्धान के समय मे तीन जने मिल के मारल मिलल बा । अभी तक के बयान के आधार मे सपन मण्डल से मारे लगावल कहके देखल गईल बा’ प्रहरी उपरीक्षक बस्नेत कहनी ।
पुलीस के मुताविक सपन आ मुख्तार मियाँ एके गो घर मे भाडा मे रहत रहलन । मुख्तार के हत्या भईल कुछ दिन पहिले भी उलोग बीच झगडा भईल रहे । उ समय सपन मुख्तार के मारके लास गायब कर देम कहके धम्की देहल खुलल एक पुलीस अधिकारी बतवनी ।
सपन मुख्तार के झगडा भईल बिहान भईला रक्सौल जाएके काम बा कहके लेजाएके खोजले रहलन । माकिर मुख्तार इन्कार कईलन । ओकरा बाद सपन पहिले मुख्तार रहल घरमे रहेके आ अभी लगेके दोसर घर मे गईल सुनील से भेट करके हत्या के योजना बनवलन । मुख्तार के मारे इ–रिक्सा किन देवेके आ ५० हजार रोपेया भी देवेके आश्वासन सपन सुनील के देहल एक प्रहरी अधिकारी के कहनाम बा ।
सुनील पहिले कार्टुन फ्याक्ट्री मे काम कईला पर चिन्हल साथी निकेश के बोलाके योजना बनवलन । योजना मुताविक पुस २१ गते सँझिया उलोग नारायणी अस्पताल अगाडि पुगलें । मेहरारु के ठेला दोकान किनार मे इरिक्सा रोकके बईठल मुख्तार से भेट कईलन ।
गण्डक से गर्भवती जनानी के नारायणी अस्पताल तक लियावे के बा ५ सय रोपेया देहेम कहके लेगईलन । इरिक्सा भाडा मे लेके दुनु जने घटनास्थल मे पुगलें । सुनील पहिले हि घटनास्थल मे लुकाके बईठल रहलन । उलोग तीनु जने मिलके लोहा के रिन्च से मुख्तार के मुडि मे अन्धाधुन्ध प्रहार करके हत्या कईल अनुसन्धान मे संलग्न एक प्रहरी अधिकारी बतवनी । उलोग रिन्च आ खुन लागल सर्ट घटनास्थल से कुछ दुर बिगले रहलन । सुनील बाबर आ बक्सर के सहजोग मे मुख्तार के इरिक्सा बारा के फेटा गाँवपालिका–४ स्थित पिलाहा सडक मे बिगलन । पुलीस ईरिक्सा पुस २५ गते सँझिया बरामद कईले रहे ।





