बारागढी गाँवपालिका मे हाकिम पाल के उपाध्यक्ष राय करवली हाजिर

प्रभु यादव
बारा २९ पुस,
बारागढी गाँवपालिका मे सरुवा सरूवा होकर के आईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत बकिल प्रसाद पाल के गाँवपालिका के उपाध्यक्ष लक्ष्मी देवी राय हाजिर करवले बाडी ।
संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय के चलानी नम्बर ६२२ के पत्र के मिति २०७८ साल पुस २३ गते निर्णय से शाखा अधिकृत पाल के राष्ट्रिय सतर्कता केन्द्र सिंहदबार काठमाण्डु से बारागढी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे सरुवा कर के २८ गते हाजिर होखे खातिर आदेश जारी भईला पर २८ गते पालिका मे हाजिर होखे आईल गाँवपालिकाका अध्यक्ष देवदत बछाड थारू विहान करावे के कहत आलटाल करदेहनी ।
अधिकृत पाल पुस २९ गते सरुवा के पत्र, निवेदन सहित हाजिर होखेला आईला पर अध्यक्ष थारू हाजिर नाकरावे के जवाफ देहत दुई दिन तक प्रतिक्षा करे के परी कहत आलटाल कईला वाद वडाअध्यक्ष लोग वडा सदस्य सभे उपप्रमुख राय के हाजिर करावेला निहोरा कईला पर उपाध्यक्ष हाजिर करावले बानी ।
गाँवपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल बियफे के दिन बिधीबत रुप मे हाजिर भईल बानी । पाल हाजिर भईल दर्ता नम्बर ५५६ रहल उपप्रमुख राय जनकारी करावले बानी । हाजिर होकर के पदभार लेत प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल नागरिक सब लेके आईल काम मे तोक लगाके काम के शुरुवात कईले बानी ।
वार्ड नम्बर ३ के जगदिश महरा चमार आ वार्ड नम्बर २ ऐतबरिया मलाहिन के निवेदन मे तोक लगावले रहनी । प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल के गाँवपालिका के अध्यक्ष लक्ष्मी देवी राय, वार्ड अध्यक्ष लोग निरज साह, मैनेजर चौधरी, वार्ड सदस्य सब कर्मचारी सभे समेत फुलमाला लगाके स्वागत आ सम्मान कईले बानी ।
बारागढी गाँवपालिका मे कार्यरत रहल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत अमोद चौधरी के गृह मन्त्रालय काठमाण्डु मे सरूवा भईल जनकारी भईला पर बितल ३ दिन से हाजिर राजिष्टर आपन दराज मे राखला से कर्मचारी सब कार्यालय मे आईल बाडन माकिर हाजिर करे ना सकल बाडन ।
प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के कार्यकक्ष मे हाकिम आ एक जने कार्यालय सहजोगी के हात के रेखा से लक करेवाला रहला से सेवाग्राही सब बिना ईजाजत कोठा मे जाये ना सकिहे आ आपन कामकाज करावे ना सकल समस्या सृजना भईल जनता सब के सिकायत आईला से उ प्रबिधी के सुधार करे के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत पाल प्रतिवद्धता करत नागरिक के काम सहज आ जल्दी रुप मे काम करे के आपने कवनो कसर बाकी ना राखेम बतावले बानी ।
प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत चौधरी गाँवपालिका मोह के कारण दुसर ठाव मे ना जायेला कुछ दिन पहिले सरूवा होकर के आईल सुनिल पाल के आईला पर हाजरी राजिष्टर आ दर्ता किताब दराज मे बन्द कर के जनता के काम रोक के फिर थमौती करा के रहल रहलन ओही तरे अभियो कईले बाडन ओकर कार्यालय मे आईल सेवाग्राही सब सिकायत कईले बानी ।






