कार के ठोकर से मोटरसाइकल सवार दु जने के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा १३ माघ

बारा के कलैया–वीरगंज सडकखण्ड अन्तर्गत सिसहनीया मे सवारी दुर्घटना मे दु जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु भईल कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ५ के ४० वरीस के नरेश साह आ ५५ वरीस के शितल साह रहल बानी ।

दुनु जने सहोदर भाइ रहल बानी । कलैया से वीरगंज जारहल बीआर ०५ एआर ५१५१ नम्बर के भारतीय गाडी से विपरीत दिशा से आरहलल ना ८ प ८८६३ नम्बर के मोटरसाइकल के ठोक्कर देहला पर मोटरसाइकल मे सवार दु जने के मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक राजेश थापा जनकारी करावले बानी ।

बुध के रात के ८ बजे दुर्घटना मे पर के घायल भईल साह दु भाइ के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे लेगईल रहल रहे । नारायणी अस्पताल पश्चात् थप उपचार के खातिर नेशनल मेडिकल मे लेगईल गईल रहे । नेशनल मेडिकल मे उपचार के क्रम मे रात के करिब १० बजे मृत्यु भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक थापा जनकारी करावले बानी । ठक्कर देवेवाला भारतीय गाडी के चालक फरार रहल बा ओकर खोजीकार्य कईल जारहल प्रहरी जानकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।