वीरगंज के होटल मे स्तरीकरण मुल्यांकन

वीरगंज २४ फागुन
खाद्य स्वच्छता के आधार मे वीरगंज के १३ गो होटल तथा रेष्टुरेन्ट के स्तरीकरण मुल्यांकन कईल बा । खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय जनकपुर, डिभिजन कार्यालय वीरगंज, स्थानीय प्रशासन तथा होटल तथा पर्यटन व्यवसायीलोग के संयुक्त टोली स्तरीकरण मुल्यांकन कईले बा ।
स्तरीकरण मूल्याङ्कन के समय मे वीरगंज के तीन गो होटल मात्र अति उत्तम मे परल बा । वीरगंज के क्लर्क, भिश्वा आ लर्डस दियालो अति उत्तम मे परल बा । ई होटलसब मे ३ गो स्टारसहित के हरिहर लोगो साटल खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय जनकपुर के प्रमुख वरिष्ठ खाद्य अनुसन्धान अधिकृत विवेक खनाल जानकारी देहनी ।
स्तरीकरण मूल्यांकन के खातिर सरोकारवाला सम्मिलित ७ सदस्यीय खाद्य स्वच्छता समिति गठन कईल जाई । समिति मे खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय के अधिकृत, उपभोक्ता अधिकारकर्मी, प्रहरी प्रशासन से खटावल प्रतिनीधि, स्थानीय तह, घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय के प्रतिनीधि समिति मे रहीहें ।
खाद्य स्वच्छता के आधार मे होटल रेष्टुरेन्ट स्तरीकरण करेके सम्बन्धी निर्देशिका २०७४ मे भइल व्यवस्था मुताविक ५० गो सूचक के आधार मे होटल तथा रेष्टुरेन्ट के स्तरीकरण मुल्याङ्कन कईल जाला ।
खाद्य प्रविधि तथा गुण नियन्त्रण कार्यालय वीरगंज के मुताविक मकालु आ पुजन होटल उत्तम देखल गइर्एल बा आ ५ गो होटल सन्तोषजनक आ ३ गो होटल सामान्य देखल गईलल बा । उ होटलसब मे भी उलोग के स्तर मुताविक लोगो टाँस कईल कार्यालय जनवले बा ।
स्तरीकरण मुल्यांकन के बाद लोगो टाँस कईला के साथे प्रमाणपत्र प्रदान कईल गईल वीरगंज स्थित डिभिजन कार्यालय प्रमुख खाद्य अनुसन्धान अधिकृत विक्की राउत जानकारी देहनी । स्तरीकरण लोगो तथा प्रमाणपत्र के समयावधि १ बरीस के होखी । हरेक होटल, रेष्टुरेण्ट व्यवसायी खुदले प्राप्त कईल प्रमाणपत्र नवीकरण के खातिर म्याद समाप्त भईल के ३ महिना भितर सम्बन्धित विभाग भा कार्यालय मे निवेदन देवेके पडेला ।





