मधेश सरकार २०७९ साल मे ११ दिन सार्वजनिक छुटी दी

जनकपुरधाम २२ चईत

मधेश सरकार २०७९ साल मे संघीय सरकार से देहल बाहेक आउर ११ दिन सार्वजनिक छुटी देवेके जनवले बा ।

प्रदेश मे मनावल जाएवाला अनेकन पर्व, दिवस मे देवेवाला छुटी के सूची सरकार बनवले बा । अब माओवादी जनयुद्ध दिवस के दिन फागुन १ गते भी मधेश मे सार्वजनिक छुटी होखेके भईल बा ।

आवेवाला वैशाख २ गते सिरुवा पर्व, वैशाख २७ गते जानकी नवमी के छुटी देहल गईल प्रदेश सरकार जनवले बा ।

एहितरे, छठ पर्व के बिहान भईला कातिक १४ गते सोमार, वियाहपञ्चमी के दिन अगहन १२ गते सोमार, मधेश बलिदानी दिवस मनावे खातिर माघ ५ गते बियफे, जनयुद्ध दिवस मनावे खातिर फागुन १ गते, होली पर्व के बिहान भईला फागुन २४ गते बुध आ चईत १६ गते बियफे के दिने रामनवमी के छुटी देहले बा ।

तीन दिन मुस्लिम धर्माबलम्बी के खातिर छुटी देवेके जनावल गईलल बा । इस्लाम धर्माबलम्बीलोग के पर्व बकर इद (इद उल अजहा), इद (इद उल फित्र) आ पैगम्बर महम्द के जन्म दिन मे छुटी देवेके प्रदेश सरकार जनवले बा । यद्यपि ई छुटी के मिति तोकल गईल नईखे । बाद मे यकिन करके देवेके प्रदेश सरकार आपन राजपत्र मे उल्लेख कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।