डा. पराजुलीद्धारा नेता के पिटेवाला दु पुलीस अधिकृत उपर कारवाही के माग

प्रभु यादव

बारा ०८ सावन

नेपाली काँग्रेस जिल्ला कार्यसमिति बारा के सचिव भैयाराम प्रसाद यादव आ नेकपा एस के उपसचिव ध्रुव यादव के पिटपाट करेवाला दु पुलीस अधिकृत के कारवाही करेके माग कईले बाडन ।

संविधानसभा सदस्य डाक्टर शोभाकर पराजुली एक बिज्ञप्ती मार्फत कारवाही करेके माग कईले बानी । बितल सावन २ गते के दिन जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे मोटरसाइकल आ पिकअप बीच भईल दुर्घटना के सम्बन्ध मे छलफल सहजिकरण करे खातिर बोलाके जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत डिएसपी पुरुषोत्तम पाण्डे आ प्रहरी निरीक्षक रुपेश साह उलोग के गाली गलौज के साथे निर्घात पिटपाट करके सिकिस्त घायल बनावल घटना उपर हमर गम्भिर ध्यानाकर्षण भईल डा. पारजुली द्धारा जारी बिज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।

विधि के शासन कायम करावेवाला पुलीस प्रशासन हि आम नागरिक के पुलीस परिसर भितर पिटपाट कईला से कानूनी राज्य के उपहास मात्र ना आदमी के मानव अधिकार के हनन भी भईल हमर बुझाईल रहल बिज्ञप्ती मे उल्लेख कईल बा ।

घायललोग के शिघ्र स्वास्थ्य लाभ के कामना करत घटना के सत्य तथ्य छानविन करके दोषी देखल गईल डिएसपी पाण्डे आ प्रहरी निरीक्षक साह उपर प्रचलित कानुन बमोजिम कडा से कडा कारवाही आ पिडित के क्षतिपुर्ती के खातिर नेपाल सरकार समक्ष डा. पराजुली द्धारा जोडदार माग कईल बिज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।