पर्सा मे बलात्कार, हत्या जईसन गम्भिर अपराध के घटना बढल

वीरगंज १९ सावन

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आजु पत्रकार सम्मेलन करके आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के कार्यप्रगति सार्वजनिक कईले बा ।

पत्रकार सम्मेलन मे पर्सा के प्रहरी उपरिक्षक कोमल शाह पिछिलका आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ मे जबरजस्ती करणी (बलात्कार), जबरजस्ती करणी उद्योग, कर्तब्य ज्यान (हत्या), बाल यौन दुव्र्यवहार, मानव बेचबिखन लगायत गम्भिर अपराध सम्बन्धी ६६ गो मुद्धा दर्ता भईला मे बितल आर्थिक बरीस २०७९÷०८० मे उ अपराध के संख्या बढके ७८ गो मुद्धा दर्ता भईल बतवनी ।

उ बितल आर्थिक बरीस मे सबसे बेसी बलात्कार आ बलात्कार के प्रयास सम्बन्धी घटना भईल जानकारी देहनी । बितल आर्थिक बरीस मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे बलात्कार के ४९ आ बलात्कार के प्रयास के ५ गो करके ५४ गो मुद्धा दर्ता भईल रहे आ पिछिलका आर्थिक बरीस मे बलात्कार के ३४ आ बलात्कार के प्रयास के १३ गो करके ४७ गो मात्र मुद्धा दर्ता भईल रहे ।

पर्सा मे बितल आर्थिक बरीस मे पिछिलका आर्थिक बरीस से बलात्कार आ बलात्कार के प्रयास करके ७ गो घटना बेसी भईल प्रहरी उपरीक्षक शाह बतवनी । एहितरे बितल आर्थिक बरीस मे कर्तब्य ज्यान (हत्या) सम्बन्धि १६ गो मुद्धा दर्ता भईल रहे आ पिछिलका आर्थिक बरीस मे कर्तब्य ज्यान सम्बन्धि ११ गो मात्र मुद्धा दर्ता भईल रहे ।

गाँवघर मे पिछिलका समय वियाह के उमिर ना पुगल लईकी आपन प्रेमी संगे भागला के बाद किशोरी के अभिभावक प्रहरी कार्यालय मे जबरजस्ती करणी के मुद्धा दर्ता करावला के चलते बलात्कार मुद्धा दर्ता के संख्या बढल प्रहरी उपरिक्षक शाह के दाबी रहे । एकरा साथे पिछिलका समय पुलीस उपर बढत गईल जनविश्वास आ पुलीस लग गईला पर न्याय मिली कहके चेतना भी जनमानस मे बढत गईला के चलते भी बलात्कार सम्बन्धि मुद्धा दर्ता के संख्या बढल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।