रौतहट के मौलापुर नगरपालिका मे ‘लार्भा खोज आ नष्ट कर’ अभियान सुरु

रोतहट २५ सावन

रौतहट के मौलापुर नगरपालिका के मेयर रीना साह डेंगु के मरेजी बढत गईला के बाद ‘लार्भा खोज आ नष्ट कर’ अभियान सुरू कईले बानी ।

नगरपालिका मोछड से अण्डा पारे सकेवाला सम्भावित जगहासब के खोजी करके मोछड के लार्भा नष्ट करे खातिर घरदुवरी अभियान चलवले बानी । नगरपालिका के बजार क्षेत्र मे अभियान सञ्चालन हो रहल नगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख अचेलाल साह जानकारी देहनी ।

अभी बजार क्षेत्र मे अभियान सञ्चालन कर रहल साह बतवनी । उ बजार क्षेत्र मे अभियान सञ्चालन कर रहल जनावत जरुरत मुताविक सभी वार्ड मे ई अभियान सञ्चालन होखेके बतवनी ।

पानी जमेवाला जगहा मे मोछड से लार्भा बनावेवाला भईला से पानी जमे ना देवेके आ निरन्तर सरसफाइ के खातिर जनचेतनामुलक अभियान अगाडी बढावल साह के कहनाम रहे । ‘सभी वार्ड के स्वास्थ्य फोकल पर्सन तथा स्वास्थ्यकर्मी के तालिम देहल गईल बा ।

डेंगुबारे जनचेतना फईलावेके घरदुवरी अभियान मे जनानी स्वास्थ्यसेविका, स्थानीय संघ संस्था आ जनप्रतिनिधि सहभागी भईल बाडन,’ साह कहनी । डेंगु के जोखिम कम करे खातिर आ सावधानी अपनावे खातिर समुदाय मे पुगके सचेतना जगावेके काम हो रहल नगरपालिका जनवले बा । ‘घर मे रहल गमला, ड्रम, तथा सफा पानी मे डेंगु के लार्भा रहेला । घर भितर हि मोछड उत्पादन करेवाला कारखाना हो चुकल बा,’ साह कहनी, ‘समान्य जानकारी ना भईला से डेंगु फईल रहल बा । एकरा के नियन्त्रण करे खातिर खोज आ नष्ट कर अभियान सुरु कईल गईल बा ।’

एकरा साथे स्कुल–स्कुल मे पुगके लईकालइकी मार्फत डेंगु नियन्त्रण के खातिर सचेतना कार्जक्रम नगरपालिका कर रहल बा । डेंगु भाइरसद्वारा संक्रमित एडिस एजिप्टाई जात के पोथी मोछड ई बेमारी पटावेला । ई बेमारी पटावेवाला मोछड ग्रामीण क्षेत्र से बेसी शहरी क्षेत्र मे मिलेला । ई मोछड सफा पानी जमल जगहा मे अण्डा पारेला । खास करके वर्षात के पानी जमेवाला बोतल, टिन के बरतन, पुरान टायर, अलकत्रा भा मट्टितेल के खाली ड्रमसब, गमला, पानी के ट्ंयाकी आदि मे अण्डा पारेला । एडिज नामक मोछड खास करके दिनमे काटेला ।

उ अभियान मे उपप्रमुख नागेन्द्र यादव, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रामबाबु साह लगायत जनप्रतिनिधि, कर्मचारी, सुरक्षाकर्मी लगायत सयो के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।