कांग्रेस मधेश प्रदेश के प्रचार प्रसार समिति मे पर्सा से पौडेल आ गुप्ता सदस्य मे मनोनयन

वीरगंज २५ सावन
नेपाली काँग्रेस मधेश प्रदेश के सभापति कृष्णप्रसाद यादव नितेश कुमार गुप्ता प्रमुख रहेवाला किसिम से मधेश प्रदेश सूचना संचार तथा प्रचार प्रसार विभाग गठन कईले बा ।
मधेश प्रदेश के भौतिक पुर्वधार तथा यातायात मन्त्री एवम मधेश प्रदेश के सभापति कृष्णप्रसाद यादव द्वारा हस्ताक्षरित पत्र मे पर्सा जिल्ला से नेपाल प्रेस युनियन के केन्द्रिय सदस्य निलिमा पौडेल आ मधेश प्रदेश लेखा समिति के सदस्य राहुल गुप्ता मनोनित भईल बाडन ।
नेपाली कांग्रेस के विधान २०१७ (संसोधन सहित) के धारा ११ (ख) बमोजिम पार्टी के प्रदेश सदस्य गुप्ता प्रमुख रहेवाला किसिम से नेपाली काँग्रेस मधेश प्रदेश सूचना संचार तथा प्रचार प्रसार विभाग गठन भईल जनावल गईल बा । एहितरे उप–प्रमुख मे सप्तरी के जाल्पा देवी सदार, सर्लाही से सदस्य सचिव मे निकेश त्रिपाठी रहल बाडन ।
सदस्यलोग मे महोत्तरी से सन्तोष सिंह, सप्तरी से सुधा देवी, ललिता साह, सिराहा से विनोद मण्डल, विंदु सिंह, रोशनकुमार साह, धनुषा से कमल साह, बारा से सन्दीप यादव, सिकिन्द्र पासवान, निरंजनकुमार साह, अन्जली गुप्ता, रौतहट से प्रभातकुमार झा, सागर हुमागाई, राजेश्वर पाण्डे लगायत के मनोनयन कईल नेपाली कांग्रेस के मधेश प्रदेश के मुख्य सचिव सन्तुप्रसाद यादव बतवनी ।






