जिल्ला प्रशासन कार्यालय विरुद्ध सप्तरी के पत्रकार आन्दोलन मे

सप्तरी २५ सावन

जिल्ला प्रशासन कार्यालय कार्यालय परिसर मे फोटो, भिडियो खिंचेमे रोक लगईला के बाद सप्तरी मे पत्रकारलोग आन्दोलन सुरु कईले बाडन ।

सप्तरी के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी लेवन काश्यप अधिकारी बुध के दिने सूचना जारी करके विना अनुमति प्रशासन कार्यालय परिसर के फोटो भिडियो खिंचके सामाजिक सञ्जाल, अनलाइन सञ्चार माध्यम तथा पत्रपत्रिका मे राखे ना मिलेके बतवले रहलन ।

नेपाल पत्रकार महासंघ के सप्तरी शाखा जिल्ला प्रशासन कार्यालय जईसन सेवाग्राही के बहुते भिड होखेवाला सरकारी कार्यालय के फोटो, भिडियो खिंचेमे रोक लगावल प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता विरुद्ध होखेके कहत उ विज्ञप्ति फिर्ता लेवेके आ गल्ती स्वीकारे खातिर तीनघण्टे अल्टिमेटम देहले रहे ।

ओकरा बाद प्रशासन कार्यालय पत्रकार के बुझाइ फरक परल कहत छलफल मे बोलवले रहे । प्रशासन कार्यालय बियफे के दिने एक सूचना जारी करके बुध के सूचना स्थगन कईल जनवले बा । माकिर उ सूचना त्रुटिपूर्ण रहल स्वीकार ना कईल कहत पत्रकारलोग आन्दोलित भईल बाडन ।

पत्रकार महासंघ सप्तरी शाखा के कार्यालय से निकलल पत्रकारलोग के जुलुस प्रशासन कार्यालय तक पुगके धर्ना मे परिणत भईल रहे । धर्ना के बाद आयोजना कईल कोणसभा मे पत्रकार महासंघ सप्तरी के अध्यक्ष श्रवणकुमार देव जिल्ला प्रसासन कार्यालय के पिछिलका सूचना से स्वतन्त्र रुप मे पत्रकारिता करे खातिर जिल्ला मे असुरक्षा उत्पन्न भईल बतवनी । उ प्रशासन से सूचना गलती भईल स्वीकार ना कईला पर आउर सशक्त आन्दोलन करेके चेतावनी देहनी । प्रशासन सूचना त्रुटिपूर्ण रहल स्वीकार ना कईला पर वार्ता मे भी ना बईठेके उ बतवनी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रीय समिति भी बियफे के दिने एक विज्ञप्ति जारी करके जिल्ला प्रशासन कार्यालय सप्तरी पत्रकार आ सञ्चारमाध्यम के अधिकार के रोक लगावेवाला गतिविधि कईल कहत विरोध जनवले बा । जिल्ला मे शान्ति सुरक्षा आ सुशासन कायम करेके बात मे जुटला के बदले प्रशासन कार्यालय प्रेस स्वतन्त्रता उपर हस्तक्षेप करेमे उद्धत रहल महासंघ जनवले बा ।

महासचिव रोसन पुरी से जारी कईल विज्ञप्ति मे कहले बाडन, ‘प्रशासन के ई कदम से पत्रकार आ सञ्चारमाध्यम के अधिकार आ सुरक्षा के विषय भी चुनौतीपूर्ण बनल बा ।’ महासंघ के केन्द्रीय समिति जिल्ला शाखा के आन्दोलन के कार्जक्रम मे आपन ऐक्यवद्धता रहल बतवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।