रौतहट के चन्द्रपुर मे ट्रक के ठोकर से एक जने के मृत्यु

रौतहट ७ भादो

रौतहट के चन्द्रपुर नगरपालिका–१, वाग्मतीस्थित पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के नुनथर मन्दिर जाएवाला रास्ता लगे बियफे के दिने ट्रक के ठोकर से जनानी के मृत्यु भईल बा । घटना के बाद मृतक के आफन्त आ स्थानीय ट्रक मे आगी लगवले बाडन ।

घटनास्थल मे अभी तनाव देखल गईल बा । ट्रक मे लागल आगी बुतावे गईल नगरपालिका के वारुणयन्त्र मे भी स्थानीय पथल चलाके नोक्सानी पुगवले बाडन ।

पश्चिम से पूर्व ओरी आ रहल ना ६ ख १५०० नम्बर के ट्रक से पूर्व ओरी से पश्चिम ओरी जा रहल पैदलयात्री चन्द्रपुर–१ रहेवाला ५५ बरीस के होममाया मगर के ठोकर देहला पर घटनास्थल मे मृत्यु भईल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर जनवले बा । घटना के बाद आक्रोशित स्थानीय बासिन्दा ट्रक मे आगी लगवले बाडन । अभी उ क्षेत्र के अवस्था तनावपूर्ण बा ।

घटनास्थल मे इलाका प्रहरी कार्यालय के डीएसपी एकनारायण कोइराला के नेतृत्व मे टोली पुगल बा । ट्रक मे लागल आगी बुतावे पुगल ना १ झ ६८८ नम्बर के वारुण यन्त्र मे भी तोडफोड भईल पुलीस जनवले बा । अभी पूर्व–पश्चिम् राजमार्ग मे यातायात अवरुद्ध भईल बा । डीएसपी कोइराला स्थानीय के सम्झाके रास्ता खुलावे के काम हो रहल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।