ठोरी मे बाघ के आक्रमण से एक के मृत्यु

वीरगंज १४ भादो

बाघ के आक्रमण मे पर के ठोरी गाँवपालिका– ५ सुवर्णपुर मे एक जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे ५० बरीस के कान्छालाल दोङ बाडन । घर लगेके बारी मे उनकर लास बुध के रात करिब ७ बजे मिलल रहे । इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक सन्तोष राई के मुताविक, बुध के सबेरे करिब ११ बजे कान्छालाल घर के कुछ दुरी मे रहल बारी मे चरन के खातिर २ गो बयल बन्हले रहलन ।

दिनके करिब २ बजे बयल के अवस्था देखे गईला के बाद उ फिर्ता ना अईलन । परिवारजन कान्छालाल ना अईला के बाद पुलीस के सहजोग मे खोजतलास कईले रहलन । एगो बयल बान्हल किला उखाड के घर आईल रहे । बारी मे जाके देखला पर दोसर बयल बाघ के आक्रमण मे पर के घायल अवस्था मे मिलल रहे । उहाँ से करिब ५० मिटर के दुरी मे रहल खान्ता मे कान्छालाल के लास मिलल रहे । उनकर गाला, घेंट, मुडि, हाथ लगायत देह के अनेकन जगहा मे बाघ के नोह के निशान मिलल रहे ।

घटनास्थल से करिब एक किलोमिटर उत्तर मे पर्सा राष्ट्रिय निकुन्ज रहल बा । निकुन्ज से आईल बाघ आक्रमण करके कान्छालाल के ज्यान लेहल अनुमान कईल प्रहरी निरीक्षक राइ बतवनी । लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज पठावल गईल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।