नेपाल बीमा प्राधिकरण कईलख सञ्चारकर्मीलोग से बतकही

वीरगंज २२ भादो

नेपाल बीमा प्राधिकरण, मधेस प्रदेश “आर्थिक पत्रकार से बीमा प्राधिकरण” विषयक बतकही तथा छलफल कार्जक्रम पुरा कईले बा ।

स्थानिय होटल कुमु पैलेस के हल मे भईल कार्जक्रम मे वक्तालोग बीमा के महत्व आ जरुरत के बारेमे चर्चा कईले रहलन । बीमा प्राधिकरण, मधेस के प्रमुख कुसुम शर्मा के सभपतित्व मे भईल कार्जक्रम मे सहभागीलोग बीमा के बारे मे चेतनामूलक शिक्षा के कमी रहल बतावत सम्बन्धित निकाय से एकरा ओरी ध्यान देवेके बतवले रहलन ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल पत्रकार महासघ, पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, एहितरे अतिथिलोग आर्थिक पत्रकार के निरज पिठाकोठी मगर, पत्रकार महेश चन्द्र गौतम, निप्स के धिरज शर्मा आ इन्स्योरेन्स क्लब अफ वीरगंज के बद्री बहादुर अधिकारी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे प्राधिकरण के सहायक निर्देशक अनिस तिमिल्सिना कार्जक्रम के उदेश्य के बारेमे चर्चा कईले रहनी आ संचालन निर्मल खनाल कईले रहनी । कार्जक्रम मे ई भेग के जीवन, निर्जीवन आ लघु बीमा के कार्यालय तथा क्षेत्रीय प्रमुखलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।