समाचार के प्रभाव : पकहाँ मैनपुर के चोरी घटना मे संलग्न जिन्सी शाखा के सभी कर्मचारी पदमुक्त

वीरगंज २४ भादो
शनिचर के दिने ई अनलाईन “पकहाँ मैनपुर के जिन्सी प्रमुख महतो के निर्देशन मे कार्यालय से रात मे सामानसब निकालल कार्यालय सहजोगी कुर्मी के कहनाम, अधिकृत कुशवाहा गायब” शिर्षक के समाचार प्रकाशन कईला के बाद आजु गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत एक विज्ञप्तरी जारी करके जिन्सी शाखा के सभी कर्मचारी के पदमुक्त कईल जनवले बा ।
एक समिति गठन गरेको छ ।
पर्सा जिल्ला के पकहाँ मैनपुर गाँवपालिका के जिन्सी शाखा से कर्मचारीलोग हि रात के समय मे समानसब चोरी कर रहल घटना सार्वजनिक भईला के बाद अधिकृत राज कुशवाहा आजु एगो प्रेस विज्ञप्ती निकाल के जिन्सी शाखा के प्रमुख हरि मोहन महतो सहित सभी कर्मचारीलोग के पदमुक्त कईल जनवले बाडन ।
उ विज्ञप्ती मे न्यायिक समिति के संयोजक के अध्यक्षता मे समिति गठन करके सात दिन भितर प्रतिवेदन पेश करेके कहल गईल बा । समिति मे के–के बा, सदस्यलोग के नाम खोलल गईल नईखे । घटना के तोपताप करे खातिर देखावटी समिति बनल बा कि ? यथार्थ मे दोषी के कारवाही होखी ? कहके स्थानिय जनता ईन्तजार मे रहल बाडन ।
जिन्सी शाखा प्रमुख हरि मोहन महतो के निर्देशन मे कार्यालय सहजोगी मुना राउत कुर्मी आ वार्ड के सहायक कम्प्यूटर अपरेटर धनन्जय पालिका से रात के समय मे ब्याग, रैनकोट लगायत के सामानसब चोरी करके घर लेजारहल अवस्था मे स्थानिय युवालोग पकडके सामान फिर्ता रखवईले रहलन ।
घटना भादो २१ गते रात करिब ८ः३० बजे के ह । पालिका के कार्यालय सहजोगी कुर्मी आ सहायक कम्प्यूटर अपरेट धनन्जय पालिका के जिन्सी शाखा खोल के शाखा मे रहल व्याग आ रैनकोट निकाले लागल देखला के बाद स्थानिय युवालोग हो–हल्ला कईले रहलन । हल्ला भईला के बाद कुछ सामान्य बिवाद भी भईला के बाद कार्यालय सहजोगी उ सामान कार्यालय मे फिर्ता राख के भागल सामाजिक सञ्जाल मे भाईरल भईल भिडियो मे देखल गईल बा ।
ई घटना पहिलका ना ह, एकरा से पहिले भी रात के समय मे कार्यालय खोल के जिन्सी शाखा प्रमुख महतो आ कार्यालय सहजोगी मुना अनेकन सामानसब निकाल के घर लेगईल स्थानियलोग बतवले बाडन ।
चोरी के घटना सार्वजनिक भईला के बाद २१ गते से हि प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कुशवाहा सम्पर्क विहिन रहनी, माकिर अनेकन सञ्चारमाध्यम मे समाचार बाहर अईला के बाद एकाएक अधिकृत कुशवाहा से विज्ञप्ती जारी कईल, छानबिन समिति बनल आ समिति से प्रतिवेदन देहला के बाद कारवाही होखी कि ना कहके आशंका स्थानियलोग कईले बाडन ।






