परवानीपुर–५ के वार्ड अध्यक्ष के बेटा रुपेश पत्रकार राहुल गुप्ता के देहलें मारेके धम्की

वीरगंज २६ भादो
समाचार लिखला के चलते पत्रकार राहुल गुप्ता के गारी देहला के साथे मारेके धम्की आईल बा ।
समाचार लिखल कहत परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर कलवार के बेटा जयप्रकाश कहेवाला रुपेश गुप्ता प्रहार डेली डटकम के सञ्चालक पत्रकार राहुल गुप्ता के मारेके धम्की तथा अनेकन किसिम के गाली गलौज कईल पत्रकार गुप्ता बतवले बाडन ।
पत्रकार गुप्ता बितल भादो २४ गते बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर कलवार स्थानिय लोग उपर हाथपात तथा दुव्र्यवहार कईल समाचार प्रकाशन कईले रहलन ।
उहे समाचार के टेंट राखके जय प्रकाश कहेवाला रुपेश गुप्ता हमर बाबु के बारे मे समाचार काहे लिखले बाड कहत हमर फेसबुक के मैसेन्जर आ मोबाइल नं ९८५५०३२९३९ से फुन करके अनेकन खराब खराब गारी देहला के साथे धम्की देहल पत्रकार गुप्ता बतवले बानी । गारी गलौज के सभी प्रमाण हमरा लगे सुरक्षित रहल पत्रकार गुप्ता के कहनाम रहल बा ।
कानुनी राज्य मे समाचार मे चित ना बुझला पर नियमनकारी निकाय मे उजुरी करेवाला जगहा मे पत्रकार के रुपेश गारी देके अनावश्यक मानसिक यातना देके कानुनी राज्य के खिल्ली उडावल सचेत नागरिकलोग के कहनाम रहल बा ।
रुपेश गुप्ता से गारी देहल प्रमाण सहित कानुनी उपचार मे जाएके पत्रकार गुप्ता बतवले बानी ।






