संविधान दिवस मे रौतहट कारागार के १० जने के कैद मिनाहा

मेवालाल यादव
रौतहट ०३ कुवार
संविधान दिवस के अवसर मे देशभर के ६७० जने के कैद माफी मिनाहा भईला पर रौतहट कारागार मे रहल १० जने के कैद मिनाहा भईल बा । राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल से संविधान दिवस के अवसर मे बाँकी कैद मिनहा भईला के बाद उलोग छुटल बाडन ।
रौतहट के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी एवम् कारागार कार्यालय गौर रौतहट के प्रमुख मनिभूषण साह रिहा होखेवाला ८ जने ५० प्रतिशत कैद भुक्तान कईल आ २ जने ४० प्रतिशत कैद भुक्तान कईले बाडन ।
प्रमुख साह के मुताविक जिल्ला के वृन्दावन नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ निवासी सवारी ज्यान मुद्दा के दिपेश प्रसाद साह, मौलापुर नगरपालिका ७ निवासी सवारी ज्यान मुद्दा के लालमोहर शर्मा, चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ निवासी कर्तव्य ज्यान मुद्दा के राजन कुमार, चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ निवासी चोरी मुद्दा के दिपेश कहेवाला खर्क बहादुर पीठाकोटे रहल बाडन ।
एहितरे चन्द्रपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ निवासी बहुवियाह मुद्दा के जीतबहादुर भुलन, बहुवियाह मुद्दा के कबिता कहेवाला पूर्णकुमारी फुयाँल, गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर १ निवासी सवारी ज्यान मुद्दा के ओमप्रकार कुमार महतो कहेवाला सोनु कुमार महतो, गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ निवासी डाँका मुद्दा के प्रेमशंकर यादव रहल बाडन ।
एहितरे पिटपाट अङ्गभङ्ग मुद्दा के सर्लाही बलरा ३ निवासी प्रदीप मिश्र आ कर्तव्य ज्यान मुद्दा के महोत्तरी गाँवपालिका निवासी ५ के सुमित्रा देवी रिहा भईल साह जानकारी देहनी ।
गौर कारागार मे अभी पुरुष कैदीलोग के संख्या १८८, पुरुष थुनुवा के संख्या १७०, जनानी कैदीलोग के संख्या १४, जनानी थुनवा के संख्या ५, आश्रित लईकालइकी २ जने तथा छुट संख्या २ जने करके जम्मा ३७९ जने रहल कारागार प्रमुख साह जानकारी देहनी ।






