वीरगंज घण्टाघर के बत्ती चोरी

वीरगंज १३ कुवार

वीरगंज के घण्टाघर चोकस्थित घण्टाघर मे जडान कईल बत्ती शुक के रात मे अनचिन्हार आदमी के समुह तोडफोड कईले बाडन ।

घण्टाघर के अँजोर आ आकर्षक बनावे खातिर ओकर देवाल आरीपाछि जोडल गईल बत्ती तोडफोड कईला के साथे चोरी भईल बा ।

घटनास्थल मे २४ से घण्टा नेपाल आ सशस्त्र पुलीस के टोली रहेला । उहाँ नेपाल पुलीस के बिट हि रहल बा । करिब ४ महिना पहिले वीरगंज महानगरपालिका घण्टाघर के सौन्दर्यीकरण कार्जक्रम अन्तर्गत घण्टाघर के रंगरोगन कईला के साथे बिजुली बत्ती के आकर्षक साजसज्जा कईले रहे । सौन्दर्यीकरण कईला के बाद रात के समय मे बत्ति के सजावट से घण्टाघर परिसर आकर्षक लउकत रहे ।

सौन्दर्यीकरण के बाद घण्टाघर के पृष्ठभूमि मे राखके तस्बिर खिंचेवाला तथा भिडियो बनावेवाला युवालोग के बहुते उपस्थिति घण्टाघर आरीपाछि लागत रहे ।

महानगर प्रमुख राजेशमान सिंह सामाजिक सञ्जाल मार्फत घटना उपर खेद प्रकट कईले बाडन । उ सार्वजनिक सम्पत्ति के संरक्षण करेके दायित्व सभी के होखेके कहत घण्टाघर अँजोर आ आकर्षक बनावे खातिर आरीपाछि जडान कईल बत्ति चोरी भईल दुःखद रहल बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।