दु जनानी सहित ३१ जने कईलें खुनदान

वीरगंज १७ कुवार
पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका वार्ड नं. ८ रामनगरी मे आजु खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
नेपाल रेडक्रस सोसाइटी उपशाखा कार्यलय आ रामनगरी युवा समाज संयुक्त रुप मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे दु जनानी सहित ३१ जने खुनदान कईले बाडन ।
खुनदान जीवन दान कहके नारा साथ भईल कार्जक्रम मे एक थोपा खुनदान से केहु के जिवन बँच सकता कहके युवालोग पुण्य के काम मे सहभागी भईल रहलन ।
खुनदान करेवाला मे अन्जली यादव, आनुराधा पटेल, जय नरेश साह, सोनालाल पटेल,.प्रभात पडित, नरेश यादव, राजेश राउत कुर्मी, प्रबिन पटेल, सन्जय कुमार साह, रन्जन साह तेली, अमित कुमार गुप्ता, रन्जित कुमार साह, ओम हरि यादव, मुन्ना चौधरी, एकबाल चौधरी, बिनेश्वर राउत, कन्हैया राउत,.मुकेश पटेल,.जय करण साह,.सुरेश कुमार सहनी,.साजन सहनी,.पप्पु कुमार साह, .राजन चौधरी, कमलेश गुप्ता,.फुलचन कुमार गोढ, रामेश्वर यादव, भैयाराम यादव, बिकास ठाकुर लोहार, अमिर शर्मा, रोशन साह,.प्रभात कुमार तेली लगायत रहल बाडन ।
नेपाल रेडक्रस सोसाइटी उपशाखा सभापति हरेन्द्र साह तेली के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे सहजोगी आकाश गुप्ता, दिपेन्द्र प्रजापती, अमिर शर्मा, रोशन गुप्ता, प्राबिधिक सहजोग रक्तसंचार केन्द्र पर्सा के मनिष गुप्ता, रामप्रित पंडित, नवीन चौरसिया, संदिप यादव लगायत कईले रहलन । खुनदान करेवाला युवालोग के प्रमाणपत्र देके सम्मानित कईल गईल रहे ।






