हाम्रो नेपाल दैनिक के तिसरका वार्षिकोत्सव मे ५ जनानी सहित ३२ जने कईलें खुनदान

वीरगंज २४ कुवार
हन्ट नेपाल मिडिया प्रा.लि.द्धारा सञ्चालित हाम्रो नेपाल दैनिक डट कम अनलाईन पत्रिका आपन तिसरका वार्षिकोत्सव के अवसर मे बुध के दिने खुनदान कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
वीरगंज के घण्टाघर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित ३२ जने खुनदान कईले बाडन ।
खुदान करेवाला मे रिंकु देवी, संगम दाहाल, अन्तिमा कुमारी, सरिता देवी, रन्जु गिरी, रंजित चौरसिया, कृष्ण कुशवाहा, आसमहम्मद मिया, हरिशंकर गुप्ता, प्रभु साह, श्याम कुमार चौरसिया, रामाशंकर चौरसिया, सागर चौरसिया, निरन्जन कुमार साह, राजन मण्डल लगायत रहल बाडन ।
खुनदान कार्जक्रम मे रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के प्राविधिक प्रमुख सौरभ राज पाण्डे के समुह प्राविधिक सहजोग कईले रहे ।
हन्ट नेपाल मिडिया प्रा.लि.के सञ्चालक रामेश्वर चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल खुनदान कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नारायणी अस्पताल वीरगंज के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. चितरञ्जन साह स्वस्थ्य आदमी के हरेक तीन÷तीन महिना मे खुनदान करे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
अभी भी गाँव घर मे खुनदान कईला पर कमजोरी होखेके, स्वास्थ्य मे समस्या आवेके जईसन गलत सोंच आ प्रवृति रहल बतावत ओईसन कउनो भी समस्या ना होखेला कहके प्रष्ट कईले रहनी ।
उ हरेक ३÷३ महिना मे रक्तकोशिका खुदे नोक्सान होखेवाला भईला से सभी स्वस्थ्य आदमी के खुनदान करे खातिर सुझाव देहले रहनी ।
उ अवसर मे प्रमुख अतिथि डा. चितरञ्जन साह, बरिष्ठ पत्रकार एवं नेकपा एकीकृत समाजवादी के केन्द्रिय प्रचार विभाग सदस्य राघव साह, सञ्चालक रामेश्वर चौरसिया लगायत के लोग खुनदान करेवाला के प्रशंसा पत्र हस्तान्तरण कईले रहलन ।






