बारा मे मेला के विषय मे विवाद भईला पर झडप, २ जने घायल
बारा मे मेला के विषय मे विवाद भईला पर झडप, २ जने घायल

बारा ०५ अगहन
बारा के पचरौता मे मेला आयोजना के विषय मे विवाद भईला पर दु पक्षबीच झडप भईला के बाद पुलीस हवाइफायर कईले बा ।
पचरौता नगरपालिका–७ बेनौली मे झण्डा मेला लगावेके विषय मे सोमार के रात भईल छलफल मे दु पक्षबीच विवाद सुरु भईला पर पथल चलल रहे ।
अवस्था सामान्य बनावे खातिर आठ राउन्ड हवाई फायर कईल बारा के प्रहरी प्रमुख एसपी सुरेशप्रसाद काफले जानकारी देहनी ।
मेला लगावे के विषय मे सयो के संख्या मे उपस्थित स्थानीयबीच ब्रह्मा के मूर्ति पूजन के विषय मे विवाद भईल रहे । विवाद उग्र रुप लेहला पर स्थिति तनावग्रस्त बनल रहे । नगरपालिका से तोकल जगहा मे मूर्ति पूजा करे खातिर एगो पक्ष ना मानला के बाद झडप भईल स्थानीय बतवले बाडन ।
रात के करिब ११ बजे दु पक्ष बिच पथल चलल रहे । झडप मे पर के स्थानीय लक्ष्मी पटेल आ चण्डीका पटेल घायल भईल आ उलोग के कलैया प्रादेशिक अस्पताल मे ईलाज हो रहल पुलीस जनवले बा ।






