पाँच लाख रोपेया घुस सहित वार्ड अध्यक्ष पकडईलें

पाँच लाख रोपेया घुस सहित वार्ड अध्यक्ष पकडईलें

बारा ०२ पुस

सेवाग्राही से घुस लेहल आरोप मे बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–३ के वार्ड अध्यक्ष तारा कार्की पकडाईल बाडन । कार्की के हेटौंडास्थित अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के टोली पाँच लाख रोपेया नगद सहित पकडले बा ।

वार्ड अध्यक्ष कार्की सडक रास्ता सिफारिस के खातिर स्थानीय जग्गा व्यवसायी राजन उप्रेती से पाँच लाख रोपेया घुस मँगले रहलन ।

जितपुरस्थित जैसवाल होटेल मे घुस लेरहल समय अख्तियार के टोली कार्की के पकडाईल बाडन । उनकर साथ से उप्रेती से देहल पाँच लाख रोपेया घुस के रोपेया सहित अख्तियार के टोली से बरामद कईल इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।