बारा मे मासु के मोल घटल
बारा मे मासु के मोल घटल

प्रभु यादव
बारा २३ पुस
बारा के सदरमुकाम कलैया आ आसपास के गाँव सहर मासु मे मोल घटाघट कर के व्यापारी बेचरहल बाडन ।
खसी बोका के मासु ८ सय से ९ सय तक व्यानर लगाकर के विक्री कर रहल बाडन । देश मे बढल आर्थिक मन्दी बढला से सभे समान के मोल घटा के बेचारहल जवना से मासु मे असर परल जानकार वृद्ध लोग जनकारी करावले बा । व्यापरी सब खसी बोकाके अधिक उत्पादन भईला से मासु के मोल घटावल जारहल बतावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ के बुझावन यादव किसान लोग से पोसल पशु मासु के मोल ना भईला से राखल बेकार बुझा रहल जनकारी करावले बानी । मासु एक किलो के मोल एक हजार रहल रहे । मासु के मोल घटला से पशु पालन करेवाला किसान मे उत्पादव करेवाला लोग निरासा होरहल बा । मुर्गा के मासु ३ सय आ दु सय ८० रोपेया मे विक्रि कईल जा रहल व्यापारीलोग जनकारी करावले बानी ।






