अयोध्या मे राम मन्दिर उदघाटन होखेवाला दिन वीरगंज मे मछरी–मासु आ दारु दोकान बन्द रही
अयोध्या मे राम मन्दिर उदघाटन होखेवाला दिन वीरगंज मे मछरी–मासु आ दारु दोकान बन्द रही

वीरगंज ०३ माघ
भारत के अयोध्या मे नवनिर्मित राम मन्दिर के उदघाटन के दिन माघ ८ गते वीरगंज के मछरी–मासु आ दारु के दोकान तथा होटलसब बन्द करे खातिर वीरगंज महानगरपालिका निर्देशन देहले बा ।
अयोध्या के राम मन्दिर के उदघाटन के दिन माघ ८ गते वीरगंज १० घडिअर्वास्थित पुर्ननिर्मित रामजानकी मन्दिरमापन भगवान राम आ माता सीता के मूर्ति स्थापना आ प्राणप्रतिष्ठा करेके भईला से उ दिन वीरगंज मे मछरी–मासु आ दारु के दोकान बन्द करे खातिर महानगरपालिका निर्देशन देहले बा ।
बुध के दिने महानगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अरविन्दलाल कर्ण से जारी कईल सूचना मे कहल गईल बा, ’अयोध्या के नवनिर्मित राम मन्दिर के उदघाटन के अवसर पारके वीरगंज के रामजानकी मन्दिर मे भी माघ ८ गते भगवान राम आ माता सिता के मूर्ति स्थापना आ प्राणप्रतिष्ठा करेके कार्जक्रम रहला से उ दिन कउनो भी पशु भा पन्छी के बध, मछरी–मासु के बिक्री–वितरण लगायत के काम ना करे खातिर सरोकारवाला व्यवसायीलोग के सूचीत कईल जाता ।’
महानगर के ई सूचना के अटेर कईल मिलला मे सम्बन्धि आदमी के नियामानुसार कारबाही करेके चेतावनी भी महानगरपालिका सूचनामार्फत् देहले बा ।
एकरा से पहिले मंगर के दिने विश्व हिन्दु परिषद भी माघ ८ गते के दिन वीरगंज मे मछरी–मासु आ दारु के दोकान बन्द करावे खातिर निहोरा करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे ज्ञापनपत्र बुझवले रहे ।






