राजविराज मे जनमत आ पुलीस बीच झडप मधेश के शिक्षामन्त्री आ ३ सांसद सामान्य घायल

राजविराज मे जनमत आ पुलीस बीच झडप मधेश के शिक्षामन्त्री आ ३ सांसद सामान्य घायल

जनकपुरधाम ८ माघ

सप्तरी मे जनमत पार्टी आ पुलीस बीच सामान्य झडप भईल बा । मधेश कृषि विश्वविद्यालय के शिलान्यास कार्जक्रम मे जनमत पार्टी के कार्यकर्ता अवरोध करेके खोजला के बाद पुलीस सँगे झडप भईल बा ।

उ समय मे मधेश के शिक्षा तथा संस्कृति मन्त्री महेशप्रसाद यादव, प्रदेश सांसदलोग सतिश सिंह, रञ्जु खंग आ भाग्यश्री चौधरी घायल भईल जनमत के सचिव विपी साह बतवन ि। उलोग के पुलीस के लाठी लागल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी ढुंडीराज न्यौपाने भवन शिलान्यास कार्जक्रम मे अवरोध करेके खोजला के बाद जनमत के नेता कार्यकर्ता उपर सामान्य बल प्रयोग कईल बतवनी ।

जनमत पार्टी के विरोध के बीच राजविराज मे मधेश कृषि विश्वविद्यालय के जसपा अध्यक्ष उपेन्द्र यादव शिलान्यास कईले रहनी । राजविराज नगरपालिका– १३ मे करिब १२ विघा जमिन मे विश्वविद्यालय के आपन भवन निर्माण के खातिर शिलान्यास कईल बा ।

शिलान्यास मे सप्तरी २ से पराजित उपेन्द्र यादव के हि प्रमुख अतिथि बनईला के बाद जनमत विरोध कईले रहे । एतवार के दिने जनमत विश्व विद्यालय के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले रहे ।

शिक्षा मन्त्री यादव कार्जक्रम रद्द करे खातिर वक्तव्य जारी कईले रहलन आ जनमत अध्यक्ष डा. सिके राउत कार्जक्रम रोके खातिर गृह मन्त्रालय के पत्राचार कईले रहलन । यद्यपि सोमार के दिने विश्वविद्यालय के भवन शिलान्यास भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।