निजगढ के ग्यारेज मे विष्फोट से मृत्यु होखेवाला के संख्या तीन पुगल, तीन जने के ईलाज हो रहल
निजगढ के ग्यारेज मे विष्फोट से मृत्यु होखेवाला के संख्या तीन पुगल, तीन जने के ईलाज हो रहल

बारा १५ फागुन
बारा के निजगढ गरपालिका–७ स्थित गाडी मर्मत करेवाला कारखाना (ग्यारेज) मे सोमार के दिने भईल शंकास्पद वस्तु विष्फोट के घटना मे मृत्यु होखेवाला के संख्या तीन पुगल बा । विष्फोट मे पर के गम्भीर घायल भईल वीरगंज महानगरपालिका –९ के २० बरीस के रितु रजत के मंगर के दिने ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
रजत के बयोधा अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । उ घटना मे पर के एकरा से पहिले ग्यारेज सञ्चालक ४५ बरीस के रेशम मगर आ भारत गुवाई के ३५ बरीस के राकेश जयसवाल के मृत्यु भईल रहे ।
घटना मे आउर तीन जने घायल भईल बाडन । घायल मेसे भारत रामगढवा के २० बरीस के अरविन साह के अवस्था गम्भीर बा । साह के बयोधा अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । एहितरे घटना मे वीरगंज ९ के फिरोद देवान आ निजगढ ५ के सूर्यबहादुर थापा सामान्य घायल भईल बाडन । निजगढ– ७ स्थित रोहित वर्कशप मे विष्फोट भईल उ शंकास्पद सामान बारे पुलीस अनुसन्धान कर रहल बा । पुलीस काथि विष्फोट भईल बा कहके खुलवले नईखे । एकरा से पहिले सिलिण्डर भडकल कहके सूचना प्रवाह कईल पुलीस आपन सूचना सँचियावल शंकास्पद वस्तु विष्फोट भईल जनवले बा ।
विष्फोट भईल जगहा मे लोहा के टुक्रा मिलल बा । उ टुक्रा के पुलीस ल्याब परिक्षण के खातिर पठावेके तईयारी कर रहल बा । बारा के प्रहरी उपरीक्षक सुरेश काफ्ले विष्फोट भईल उ सामान अभी शंकास्पद रहल आ ल्याब परिक्षण के बाद मात्र कहे सकेके बतवनी ।
पुलीस उ घटना के अनुसन्धान के खातिर दु जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । घटना के अनुसन्धान के खातिर भारत मोतिहारी के रमेश जैसवाल आ निजगढ ९ के २९ बरीस के टिकाराम पाख्रीन के नियन्त्रण मे लेहल बारा के प्रहरी प्रवक्ता दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
न्यौपाने के मुताविक पाख्रीन से उ सामान कवाडी के कारोबार करेवाला जयसवाल के बेंचले रहलन । जयसवाल उ सामान काटेके कहत ग्यारेज मे लेगईल रहलन । लोहा जईसन लउकेवाला उ सामान भितर तामा रहल कहत ग्यारेज के संचालक के एक सय रोपेया देके लेथ मेसिन से काटेके देहल प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले बतवले बानी । ‘पहिले ५० रोपेया देहले रहलन । ग्यारेज संचालक काटेके ना मानला के बाद एक सय रोपेया देके काटावल मिलल’ प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले कहनी, ‘लेथ मेसिन से काटेके समय मे अचानक विष्फोट भईल देखल गईल ।’
कवाडी सञ्चालक घर मे रखले रहलन उ सामान
निजगढ नगरपालिका ९ मे रहके कवाडी के कारोबार करत आईल जयसवाल उ सामान कुछ दिन घर मे राखल भी खुलल बा । डुगरावे मिलेवाला उ सामान से कवाडी सञ्चालक के सन्तान भी खेलत रहलन । प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले के मुताविक कुछ दिन कवाडी के कारोबार करेवाला आदमी के घर मे छोटा लईकालईकी खेलल आ बाद मे तामा निकाले खातिर जयसवाल ग्यारेज मे लेगईल रहलन । घटना के बाद फरार भईल उनकर खोजी करत पुलीस पकडले बा । प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले अज्ञानता के चलते उ घटना भईल बतवनी । ‘उ सामान घर मे राखल आ बच्चा से खेलल भी बुझल गईल’ काफ्ले कहनी, ‘कुछ दिन बाद ग्यारेज मे लेजाके कटवईलन । ग्यारेज सञ्चालक भी उ सामान का ह कहके अनुमान लगावे ना सकलन ।’
प्रहरी उपरीक्षक काफ्ले उ सामान का ह आ कईसे आईल कहके अनुसन्धान जारी रहल बतवनी ।





