लागू औषध गाँजा सहित ३ जने पुलीस के हिरासत मे
लागू औषध गाँजा सहित ३ जने पुलीस के हिरासत मे

प्रभु यादव
बारा १६ फागुन
बारा पुलीस लागू औषध गाँजा सहित ३ जने के पकडले बा ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय सिम्रौनगढ, बारा से खटल प्रहरी टोली सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं. ४ गंगानगर मे मंगर के रात के १०ः३० बजे के समय मे चेकजाँच करेके क्रम मे पकडल गईल प्रवक्ता आ सुचना अधिकारी प्र.ना.उ. दधिराम न्यौपाने जनकारी करावले बानी ।
बारागढी से भारत ओर लेजारहल ना ३८ प १४११ नम्वर के मोटरसाईकल शंका लागला पर रोकके चेक जाँच कईला पर लागु औषध १५ किलो गाँजा बरामद कईल गईल न्यौपाने जनकारी करावले बानी ।
गाँजा सहित पकडाईल आदर्श कोतवाल गाँवपालिका वार्ड नं. ३ बतरा के २७ बरीस के सरोज कुमार गिरी, रौतहट फतुवा बिजयपुर नगरपालिका वार्ड नं. ३ मेवा के ५० बरीस के रामानन्द साह आ ४५ बरीस के चुलाई महरा रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
पकडाई लोग के मोटरसाइकल सहित जिल्ला अदालत बारा से लागू औषध मुद्दा मे तीन दिन के मयाद थमवती कराके आउर अनुसन्धान कररहल बारा पुलीस जनकारी करावले बा ।






