मकई मे बाल लागल माकिर दाना ना लागल, प्रदेश सरकार से अनुगमन भईला पर भी कुछो सुनवाई ना भईल कहत किसान चिन्तामे

मकई मे बाल लागल माकिर दाना ना लागल, प्रदेश सरकार से अनुगमन भईला पर भी कुछो सुनवाई ना भईल कहत किसान चिन्तामे

प्रभु यादव

बारा १५ चईत

बारा जिल्ला मे किसान सब से रोपल मकई मे बाल लागल माकिर दाना ना लागल देखल गईल बा । धान काट के मकई रोपल जवना मे दाना ना लगला से किसान सब चिन्ता मे पडल बाडन ।

पहिलका बरीस मकई रोपल जवना मे अधिक आम्दानी भईल डिकालब ९०८१, पाईनियर ३३५५, शंकर ५५५५ जात मे दाना ना लागल जवना के धमाधम काट के गाई भैसी के खियावेके बाध्यता भईल जीतपुर सिमरा–१५ के मकई किसान भुवन वाग्ले बतवले बानी । हरिहर मकई काट के काहे खियावत बानी पुछला पर दाना ना लगला पर का होई कमसे कम गाई भैंसी के खियावल जारहल बाग्ले बतावले बानी ।

मकई के झार मोटा बढीया बाल देखला पर मन मे खुशियाली भईल रहे माकिर चिर के देखला पर दाना ना लागला पर बहुते पीडा महसुस होरहल किसान बाग्ले बतावले बानी ।

मकई मे दाना ना लागल समस्या जानकारी मे आईला पर फागुन ७ गते मधेश प्रदेश के भुमि व्यवस्था, कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय से कृषि विकास निर्देशनालय जनकपुर के बरिष्ठ कृषि प्रसार अधिकृत कमलदेव कुशवाहा के संयोजकत्व मे टोली पेठा के अनुगमन कईल बारा कृषि ज्ञान केन्द्र के प्रमुख राजनारायण प्रसाद साह जनकारी करावले बानी ।

कुशवाहा के संयोजकत्व मे आईल टोली प्रसौनी गाँवपालीका के वार्ड नम्वर ५ प्रस्टोका के किसान जोगिन्द्र साह, शिवशंकर प्रसाद साह, रामो महतो, राजेश प्रसाद साह, नरेश साह, राधेश्याम साह, शम्भु साह आ जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १४ के किसान तुल बहादुर रिजाल के खेत मे लगावल मकई के अवस्था देख के गईल कार्यालय प्रमुख साह जनकारी करावले बानी ।

अनुगमन टोली मे बीउ विजन प्रयोगशाला महोतरी के कार्यालय प्रमुख श्रीप्रसाद यादव, कृषि ज्ञान केन्द्र बारा के अधिकृत राजवंशि चौरसिया, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के नायव प्राविधिक सहायक धिरज पौडेल मकई खेत मे पुग के अवस्था बुझले रहनी कृषि प्रसार अधिकृत रामजिवन ठाकुर जनकारी करावले बानी । मकई खेत मे अनुगमन कईला वाद कृषि ज्ञान केन्द्र कलैया मे कर्मचरी, किसान आ सरोकरवाला कर्मचारी लोग सँगे बईठ के टोली छलफल कईले रहल अधिकृत ठाकुर जनकारी करावले बानी । अनुगमन टोली से अभि तक कवनो ठोस जनकारी ना आईल ठाकुर बतावले बानी ।

मकई किसान यज्ञ तिवारी अनुगमन आईल माकिर देख के गईल कुछ ना करी सिकायत कईले बानी । नेपाल मे किसान के बिया खाद मे अनुदान ना दिई तब तकले खेती होई घाट मे रही किसान के कहनाम रहल बा । महगा मे बियाँ खाद किन के लगावले बानी बैक के कर्जा तिरेला होजाई माकिर दाना ना लगला से खर्चा उपर नाहोई आउर कर्जा बोकागईल दुःख प्रस्टोका के किसान राधेश्याम साह बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।