जनप्रतिनिधि के पिटाई से प्रशासकीय अधिकृत घायल, कर्मचारीलोग आन्दोलन मे

जनप्रतिनिधि के पिटाई से प्रशासकीय अधिकृत घायल, कर्मचारीलोग आन्दोलन मे

वीरगंज २० चईत

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका के कर्मचारीलोग मंगर के दिन से कामकाज बन्द करके आन्दोलन मे उतरल बाडन ।

कार्यपालिका सदस्य दिनेश प्रसाद साह कलवार प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रमोद कुमार साह के गाँवपालिका अध्यक्ष के कार्यकक्ष मे पिटके घायल बनावल कहत गाँवपालिका कार्यालय के कामकाज ठप्प करके उलोग आन्दोलन मे उतरल बाडन ।

कार्यपालिका सदस्य कलवार अनुचित भुक्तानी देवे खातिर दबाब देहल माकिर प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह ना मानला के बाद ओकरे टेंट मे मंगर के दिने गाँवपालिका अध्यक्ष मदन चौहान के कार्यकक्ष मे चौहान के सामने कलवार साह के हेलमेट आ अध्यक्ष के नेम्प्लेट से अन्धाधुन्ध प्रहार करके घायल बनावल आन्दोलनरत कर्मचारीलोग के आरोप बा ।

प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह के पिटपाट करेवाला कार्यपालिका सदस्य कलवार के कारबाही करेके माग करत कर्मचारीलोग मंगर के सँझिया जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे ज्ञापनपत्र भी बुझवले बाडन । कलवार के कारबाही ना करे तक गाँवपालिका कार्यालय के कामकाज ठप्प हि रहेके चेतावनी भी उलोग ज्ञापनपत्रमार्फत देहले बाडन ।

एने मंगर के दिने गाँवपालिका मे सेवा के खातिर पुगल प्रत्यक्षदर्शीलोग नियमित कार्यालय मे ना आवेवाला प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह मंगर के दिने कार्यालय मे आईल समय गाँवपालिका अध्यक्ष चौहान आपन कार्यकक्ष मे बोलाके उनका से छलफल करेके समय मे कार्यपालिका सदस्य कलवार आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साहबिच विवाद होके हाथ हालाहाल भईल बतवले बाडन । ई बारेमे बुझे खातिर गाँवपालिका अध्यक्ष चौहान से सम्पर्क करेके खोजला पर सम्पर्क होखे ना सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।