चोरी के मोटरसाइकल आ स्कुटी सहित दु युवक पकडईलें
चोरी के मोटरसाइकल आ स्कुटी सहित दु युवक पकडईलें

वीरगंज २० चईत
वीरगंज से पुलीस चोरी के मोटरसाइकल आ स्कुटी सहित दु जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–४ विर्ता के २६ बरीस के विजय गोसाई आ वार्ड नम्बर २६ अठराहा सुगौली के २५ बरीस के सरफराज अन्सारी रहल बाडन ।
दुनु जने के वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक पुष्कर बोगटी नेतृत्व के टोली सोमार के सँझिया चोरी के मोटरसाइकल आ स्कुटी सहित पकडले बा । प्रहरी निरीक्षक बोगटी के मुताविक बितल शुक के दिने वीरगंज–१० आदर्शनगरस्थित पूजन होटल अगाडि पार्किङ करके राखल बीआर ०५ ए एम ०७९२ नम्बर के मोटरसाइलक चोरी भईल रहे ।
होटल के रिसेप्सन मे कार्यरत कर्मचारी के उ मोटरसाइकल चोरी भईला के बाद खोजतलास करेके समय मे पुलीस उ मोटरसाइलक चला रहल अवस्था मे गोसाई के सोमार के सँझिया पुलीस नियन्त्रण मे लेहले रहलन । पकडाईल गोसाई उ मोटरसाइकल अन्सारी से देहल बयान देहला के बाद सोमार के सँझिया हि पुलीस अन्सारी के नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी निरीक्षक बोगटी जानकारी देहनी ।
अन्सारी के साथ से भी चोरी के ना १६ प २५२६ नम्बर के स्कुटी बरामद भईल बोगटी बतवनी । दुनु के चोरी के मोटरसाइकल आ स्कुटीसहित नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारबाही के खातिर मंगर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे बुझावल गईल बोगटी जानकारी देहनी ।






