एकता सहयोगी समुह के कार्जक्रम मे ५२ जने कईलें खुनदान

एकता सहयोगी समुह के कार्जक्रम मे ५२ जने कईलें खुनदान

बारा २२ बैशाख

बारा के कलैया नगर एकता सहयोगी समुह के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे ५२ जने खुनदान कईले बाडन ।
समुह के १० वाँ बार्षिकोत्सव के अवसर मे कलैयास्थित राजदेवी मन्दिर के प्राङ्गण मे भईल कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित ५२ जने खुनदान कईले बाडन । खुनदान करेवाला मे कविता चौधरी, प्रदीप यादव, मनिषा चौधरी, उमेश यादव, श्यामबाबु यादव, राजाबाबु यादव, विनोद साह कलवार, विनोद कुमार मण्डल लगायत के रहल रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज के संयोजक धिरेन्द्र झा बतवनी ।
वीरगंज के रक्त सञ्चार केन्द्र मे खुन के कमी भईला से ईलाज मे समस्या हो रहल जानकारी मिलला के बाद बार्षिकोत्सव के अवसर मे खुनदान कार्जक्रम कईल समुह के अध्यक्ष जोगिन्द्र कुशवाहा बतवनी ।
कार्जक्रम के उदघाटन नेपाली कांग्रेस बारा के सभापति राजेश राय यादव कईले रहनी । समुह के अध्यक्ष कुशवाहा के अध्यक्षता मे भईल खुनदान कार्जक्रम मे गोपाल सेवा समिति बारा के अध्यक्ष जंगबहादुर यादव, नेपाली कांग्रेस के बारा क्षेत्र नम्बर ४ (ख) के सभापति लोकेश सिंह, नेपाल तरुण दल बारा के सभापति दिपेन्द्र पटेल, कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १३ के वार्ड अध्यक्ष राजेश्वर मेहता, कांग्रेस बारा के जिल्ला सदस्य रबिकरण साह, कांग्रेस नेता नाजिर अन्सारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।