धोबिनी मे नयाँ निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत संजय प्रसाद यादव हाजिर
धोबिनी मे नयाँ निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत संजय प्रसाद यादव हाजिर

वीरगंज ३१ बैशाख
पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका मे नयाँ निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत संजय प्रसाद यादव हाजिर भईला सँगे सोमार के दिने जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग बीच परिचयात्मक तथा स्वागत कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
पालिका के सभा हल मे भईल परिचयात्मक तथा स्वागत कार्जक्रम मे अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान लगायत जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग फुलमाला आ अबिर के टिका लगाके डायरी कलम देके स्वागत कईले रहलन । निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत यादव बितल ७ बरीस से गाँवपालिका मे स्वास्थ्य शाखा प्रमुख के पद मे कार्यरत रहनी ।
आजु से निमित्त प्रमुख के पदभार ग्रहन करत पालिका के काम कारवाही नियमसंगत अगाढी बढावेके आ विकास के कम गति लेवेमे हम विश्वस्त रहल बतवनी । ई पालिका के अवस्था हमरा बढिया से मालुम बा आ एमे रहल सभस्या भी माकिर अब पहिले जईसन ना होखी जनप्रतिनिधिलोग आ कर्मचारीलोग के साथ आ सहजोग मिलला के बाद बिकास आ जनतालोग के कामकाज सहज आ जलदी से होखेके बतवनी ।
स्वागत कार्जक्रम मे पालिका अध्यक्ष चौहान हमनी के जनतालोग जिताके जनप्रतिनिधि बनवले बाडन, जनतालोग के विकास के काम करेके पडि । चुनाव के समय जनतालोग के देहल बाचा पूरा करेके पडि । हमनी छोट छोट बात मे आपना मे बिवाद कईला पर जनतालोग के विकास के काम मे बाधा पुगेके अध्यक्ष चौहान बतवनी ।
कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष मन्जु देवी पटेल, वार्ड अध्यक्षलोग बन्धु साह तेली, राजकिसोर पटेल, मनाउर मियाँ, अबास मियाँ, नेपाली कांग्रेस के नेता श्यामकिसोर पटेल, कार्यपालिका सदस्य दिनेश प्रसाद कलवार, मदन सहनी, कमल ठाकुर, प्रअ जितेन्द्र राम, योजना शाखा प्रमुख पपु पटेल, जिन्सी प्रमुख प्रदिप पटेल, पशु शाखा प्रमुख केसराज कुर्मी, कृषि शाखा प्रमुख रबिन्द्र शर्मा, ईन्जिनियर रबिभुषन पटेल, शिक्षा शाखा प्रमुख बृजकिसोर त्रिपाठी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






