बेटा के हत्या करके फरार जनानी वीरगंज से पकडईली
बेटा के हत्या करके फरार जनानी वीरगंज से पकडईली

वीरगंज ०३ जेठ
वीरगंज पुलीस बेटा हत्या करके फरार रहल एक जने अभियुक्त के पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका–१७ रहेवाला २२ बरीस के जनानी आरती कुमारी रहल बानी ।
उनका के बिशेष सूचना के आधार मे वीरगंज पुलीस जेठ १ गते पकडले बा । पकडाईल उलोग उपर कर्तव्य ज्यान सम्बन्धी मद्दा मे आउर अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । उ २०८० सावन २७ गते सबेरे घर मे कुछो ना भईल समय ५ महिना के बेटा के घेंट दाबके हत्या करके फरार भईल रहनी । पुलीस के मुताविक उ भारत के पूर्वी चम्पारण थाना रक्सौल, पोष्ट सिहपुर हरैया, ग्राम एकडर्वा टोल मे रहत आईल रहनी ।






