गणतन्त्र दिवस के अवसर मे अनेकन जगहा मे वृक्षारोपण
गणतन्त्र दिवस के अवसर मे अनेकन जगहा मे वृक्षारोपण

वीरगंज १५ जेठ
गणतन्त्र दिवस के अवसर मे वीरगंज मे बृक्षारोपण आ सरसफाई लगायत के कार्जक्रम कईल गईल बा ।
डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के आयोजना मे वीरगंज के चिनीमिल परिस मे रहल प्रसीद्ध पशुपतिनाथ मन्दिर परिसर मे अनेकन जात के ९५ गो पौधा रोपल गईला के साथे सरसफाई कईल गईल कार्यालय प्रमुख सुभाष चन्द्र दास बतवनी । उनका मुताविक मन्दिर परिसर के खाली जमिन मे रुद्राक्ष, मयूरपंखी आ पारिजात फूल के पौधासब रोपल गईल बा । वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह पौधा रोपके वृक्षारोपण कार्जक्रम के समुदघाटन कईले रहलन ।
एहितरे सशस्त्र प्रहरी बल १३ नम्बर गण हेड क्वार्टर पर्सा के आयोजना मे मन्दिर परिसर मे सरसफाई कईल रहे । सरसफाई कार्जक्रम मे सशस्त्र प्रहरी, नेपाल प्रहरी आ नेपाली सेना के भी सहभागीता रहल रहे ।
डिजिन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख दास के अध्यक्षता तथा वीरगंज महानगर के मेयर सिंह के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुषाल, नेपाल प्रहरी के प्रहरी उपरीक्षक कुमोद ढुंगेल, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राधेश्याम धिमाल, ग्रिन सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र आदर्शनगर के अध्यक्ष जयप्रकाश खेतान, सबैया साझेदारी वन समिति के अध्यक्ष शहरुम राउत गदी लगायत के भी सहभागीता रहल रहे ।
एहितरे गणतन्त्र दिवस के अवसर मे वीरगंज स्थित स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के परिसरमे वृक्षारोपण कईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ पिपरास्थित स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के परिसर मे प्रकृति सेवा प्रतिष्ठान वृक्षारोपण कईले बा । कार्यालय परिसर मे सोमार के दिने अनेकन जात के ४० गो पौधा रोपल गईल प्रतिष्ठान के अध्यक्ष जसपाल सिंह बतवनी ।
प्रकृति आ वातावरण के संरक्षण मे बोटविरुवा के महत्वपूर्ण भूमीका रहेके भईला से गणतन्त्र दिवस के अवसर मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के परिसर मे वृक्षारोपण कईल उ बतवनी ।
प्रतिष्ठान के अध्यक्ष सिंह के अध्यक्षता मे भईल वृक्षारोपण कार्जक्रम मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख डा. मुक्ति नारायण साह, प्रतिष्ठान के सल्लाहकार भगवान श्रेष्ठ, सचिव अभिनास झा, राकेश नेपाली, स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






