जीतपुर आ कलैया उपमहानगर बीच सीमा विवाद

जीतपुर आ कलैया उपमहानगर बीच सीमा विवाद

बारा २१ जेठ

बारा के जीतपुर सिमरा आ कलैया उपमहानगरपालिका बीच सीमाना के विषय मे विवाद भईल बा ।
जीतपुर सिमरा के वार्ड नं १८ आ कलैया के वार्ड नं २४ के सीमाना मे परेवाला उचिडी आधारभूत स्वास्थ्य केन्द्र के जमिन स्वामित्व के विषय के लेके दु पालिकाबीच विवाद भईल बा ।
उचिडी के दुनु पालिका आपन क्षेत्र भितर परेके दाबी कईले बाडन । उ जगहा मे पहिले से हि जीतपुर सिमरा उपमहानगर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र सञ्चालन करत आईल रहे । उहे केन्द्र के देवाल बनावेके समय मे कलैया उपमहानगर हस्तक्षेप कईल जीतपुर सिमरा उपमहानगर–१८ के वार्ड अध्यक्ष चतुरबाबु वाग्ले आरोप लगवले बानी ।
‘ई जगहा हमनी के वार्ड क्षेत्र भितर परेला । उहाँ पहिले से हमनी के पालिका के आधारभूत स्वास्थ्य सेवा केन्द्र चल रहल बा’, वाग्ले कहनी, ‘अभी उहे देवाल बनावेके समय दोसर पालिका नगर प्रहरी पठवले बा ।’
उ जगहा के नापजाँच करे खातिर शुक के दिने १ बजे दुनु पालिका बीच सहमति भईल माकिर, सवा १ बजे कलैया के नगर पुलीस हस्तक्षेप कईल वार्ड अध्यक्ष वाग्ले दाबी कईनी । ‘उहे अमिन पठावेके कहला के बाद हमनी १ बजे तक रुकल रहनी । माकिर, अमिन सँगे नगर प्रहरी पठाके स्वास्थ्य सेवा केन्द्र के काम रोकल गईल’, उ कहनी ।
जमिन सीमाना के विषय मे कउनो विवाद भईला पर भी दुनु पालिका बीच बईठके सहमति मे अगाडि बढे सकेमे कलैया उपमहानगर शक्ति के दुरुपयोग कईल जीतपुर के वार्ड नं १८ कार्यालय जनवले बा ।
‘स्वास्थ्य सेवा जईसन संवेदनशील क्षेत्र मे निर्माणाधीन भौतिक संरचना के तोडफोड, अवरोध आ हुलहुज्जत करके अराजक गतिविधि करके गैर–जिम्मेवारपूर्ण हर्कत पदीय मर्यादाविपरीत रहल ई कार्यालय के ठहर बा’, वार्ड कार्यालय विज्ञप्ति मे कहले बा ।
देवाल बनावेके काम मे रोक लगावल आ तोडफोड कईला से कलैया उपमहानगर क्षतिपूर्ति भी देवेके जीतपुरसिमरा माग कईले बा ।
अदालत जाने कलैयाको चेतावनी
कलैया उपमहानगरपालिका उचिडी के जमिन विषय मे पहिले से विवाद रहल आ पालिका मे भी उजुरी परला से नापचाँज करेके सहमति भईला पर भी जीतपुर सिमरा अटेरी कईल आरोप लगवले बा ।
कलैया उपमहानगर के मेयर विनोदप्रसाद साह शुक के दिने हि जमिन नापजाँच करे खातिर ३ जने अमिन पठावल माकिर जीतपुर सिमरा के वार्ड नं ८ बलजफ्ती कईल दाबी कईनी । ‘हम अमिन भी पठवले रहनी । वार्ड ना मानला के बाद काम रोके खातिर २५ जने नगर पुलीस पठवले रहनी’, कहत उ, ‘उलोग कहल जईसन कउनो तोडफोड भईल नईखे ।’
उ जमिन के विषय मे पालिका मे उजुरी अईला से नापजाँच के खातिर निहोरा कईल मेयर साह के कहनाम बा । ‘उ जमिन हमनी के रहला से उहाँ संरचना बनावे खातिर दोसर पालिका हमनी से अनुमति लेवेके पडि । बिनाअनुमति काम हो रहल बा कहके जानकारी मिलला के बाद रोके पठावल गईल’, उ कहनी ।
मेयर साह उ जमिन कलैया उपमहानगर के क्षेत्रफल मे परेवाला भईला से जमिन प्राप्ति के खातिर अदालत जाएके तईयारी रहल सुनवनी । ‘सहमति मे जाई कहले गईल, उलोग हि सहमति मे आवे ना चहनी । अब कानुनी ईलाज मे जाएम’, कहत उ, ‘हम आपन क्षमता से भ्याए तक उहाँ कउनो भी संरचना बनावे ना देम ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।